MI vs RCB : रोहित ‘रिटायर्ड हर्ट’ काहे भइलें आ कोहली फील्डिंग काहे ना कइलें? दूनो दिग्गजन के चोट से फैंस परेसान

MI vs RCB: Rohit Sharma Retired Hurt, Virat Kohli Injury Update IPL 2026

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। आईपीएल 2026 के हाई-वोल्टेज मुकाबला में रोहित शर्मा आ विराट कोहली के फिटनेस फैंस के चिंता बढ़ा देलस। मुंबई इंडियंस आ रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु के बीच वानखेड़े स्टेडियम में खेलल गइल मैच में आरसीबी 18 रन से जीत दर्ज कइलस, बाकिर चोट सबसे बड़ चरचा बन गइल।

रोहित शर्मा काहे मैदान छोड़ देलें?

रोहित शर्मा 13 गेना पs 19 रन बना के खेलत रहलें, तबे अचानक मैदान छोड़ के बाहर चल गइलें। रिपोर्ट के अनुसार, उनका हैमस्ट्रिंग में दरद महसूस होत रहे। चेहरा देख के साफ बुझात रहे कि चोट हल्का नइखे। टीम मैनेजमेंट रिस्क ना लेलस आ ऊ ‘रिटायर्ड हर्ट’ हो गइलें। ई एमआई खातिर बड़ झटका साबित भइल, काहे कि टीम 241 रन के बड़ लक्ष्य के पीछा करत रहे।

कोहलियो चोट से जूझत नजर अइलें

दूसरका ओर, विराट कोहली पूरा फिट ना लगलें। ऊ 38 गेना पs 50 रन के बढ़िया पारी खेललें, बाकिर फील्डिंग करे मैदान पs ना उतरलें। बतावल जा रहल बा कि उनकर टखना (एंकल) में दिक्कत रहे, एह चलते सावधानी बरतल गइल। उनका जगह जुवा खिलाड़ी जैकब बेथल फील्डिंग कइलें। कप्तान रजत पाटीदार कहलें कि इस्थिति अभी ठीक लाग रहल बा।

कोहली बनवले बड़ रिकॉर्ड

चोट के बादो कोहली इतिहास रच देलें। ऊ मुंबई इंडियंस के खिलाफ 1000 रन बनावे वाला पहिला बल्लेबाज बन गइलें। अब उनकर नाम 36 पारियन में 1030 रन दर्ज बा।

आरसीबी के दमदार बल्लेबाजी

आरसीबी के पारी के सुरुआत कोहली आ फिल सॉल्ट के 120 रन के साझेदारी से भइल। सॉल्ट 36 गेना पs 78 रन बनवलें। बाद में पाटीदार 20 गेना पs 53 रन बना के मैच के दिशा बदल देलें। आखिर में टिम डेविड 16 गेना पs 34 रन जोड़ के स्कोर 240/4 तक पहुंचवलें।

एमआई के कोसिस बेकार गइल

241 रन के पीछा करत मुंबई इंडियंस 222/5 तक पहुंचल, बाकिर 18 रन से हार गइल। रोहित के जल्दी बाहर होखला से टीम कमजोर पड़ गइल।

Read Also: Share Bazar : शेयर बाजार में भारी गिरावट, सेंसेक्स 1600 अंक टूटल, निफ्टी 23600 से नीचे पहुंचल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-