Mexico Train Derail : पटरी से उतरल ट्रेन, 13 लोगन के मौत, 90 से जादे घायल

Mexico train derail accident where coaches derailed killing 13 people and injuring over 90 passengers

Share

सेंट्रल डेस्क। मेक्सिको में एगो भीषण रेल हादसा सामने आइल बा, जहां अंतरमहासागरीय रेल सेवा के ट्रेन पटरी से उतर गइल। एह दर्दनाक हादसा में अब तक 13 लोगन के मौत हो चुकल बा, जबकि 90 से जादे यात्री घायल बतावल जा रहल बा लोग। हादसा के बाद पूरा इलाका में अफरा-तफरी मच गइल आ राहत आ बचाव काम तेजी से चल रहल बा।

मेक्सिको के राष्ट्रपति क्लाउडिया शिनबाम हादसा पs गहिराह दुख जतवले बाड़ी। ऊ सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs पोस्ट कs के बतवली कि नौसेना विभाग हादसा में 13 लोग के मौत के पुष्टि कइले बा। राष्ट्रपति कहली कि सरकारी राहत आ बचाव एजेंसियन के तुरंत घटनास्थल पs भेजल गइल बा। संगही ओक्साका राज्य के गवर्नर सोलोमन जारा के पीड़ितन के हरसंभव मदद करे के निरदेस दिहल गइल बा।

हादसा के बाद सोशल मीडिया पs डेराव वाली तस्वीर आ वीडियो तेजी से वायरल हो रहल बा। वीडियो में देखल जा सकेला कि ट्रेन के डिब्बा पलटल बा, यात्री घबराइल हालत में एने-ओने भाग रहल बा लोग आ बचावकर्मी घायलन के अस्पताल पहुंचा रहल बा लोग।

गवर्नर सोलोमन जारा बतवलें कि 60 से जादे घायल यात्री अलग-अलग अस्पतालन में भर्ती करावल गइल बा लोग। 11 घायलन के स्यूदाद इक्स्टेपेक जनरल हॉस्पिटल, 22 के जुचिटान जनरल हॉस्पिटल आ 29 घायलन के माटियास रोमेरो के IMSS जोन हॉस्पिटल में भर्ती कइल गइल बा। गंभीर हालत वाला पांच मरीजन के तेहुआंतेपेक जनरल हॉस्पिटल आ पांच के सलीना क्रूज जनरल हॉस्पिटल रेफर कइल गइल बा।

गवर्नर के मोताबिक हादसा के समय ट्रेन में करीब 250 यात्री सवार रहलें, जेमे 139 यात्री सुरक्षित बा लोग। मृतकन के परिवारन के प्रति संवेदना जतावत सरकार हर संभव सहायता देवे के भरोसा दिलवले बिया।

ई रेल सेवा साल 2023 में सुरू भइल रहे, जवना के मकसद प्रशांत महासागर आ मेक्सिको के खाड़ी के जोड़े वाला रणनीतिक कॉरिडोर बनावल रहे। सरकार एह परियोजना के अंतरराष्ट्रीय व्यापार खातिर बहुते अहम मानतिया। हादसा भइल रेल लाइन सलीना क्रूज बंदरगाह से कोएट्ज़ाकोल्कोस तक 290 किलोमीटर लमहर बा। फिलहाल हादसा के कारण आ जांच रिपोर्ट के इंतजार कइल जा रहल बा।

Read Also: January 2026 Calendar : त्योहारन के जश्न से होई नया साल के शानदार आगाज, अभी नोट कs लीं ई खास तारीख

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-