Meghalaya Mine Accident : मृतकन के संख्या आउर बढ़ सकेला, कइयन लोगन के फंसल होखला के आशंका, 24 घंटा बादो रेस्क्यू जारी

Rescue operation underway after coal mine explosion in East Jaintia Hills, Meghalaya

Share

सेंट्रल डेस्क। मेघालय के पूर्वी जयंतिया हिल्स जिला में बियफे के दिन एगो बड़ हादसा हो गइल। एहिजा एगो कोयला खदान में डायनामाइट विस्फोट भइला से खनन काम करे वाला 18 मजदूरन के मौत हो गइल। एह हादसा में कइयन गो आउर लोगन के खदान के भीतर फंसल होखला के आशंका जतावल जा रहल बा। बियफे के देर सांझ तक बचाव अभियान चलावल गइल, बाकिर अन्हार होखला के कारण ओकरा के रोके के पड़ल। आज सुक के सबेरे से फेर से रेस्क्यू ऑपरेशन सुरू कs दिहल गइल बा। सरकार एह हादसा के जांच के आदेस दे देले बिया। पुलिस महानिदेशक आई नोंगरांग के मोताबिक, बचाव दल लगातार तलाशी अभियान में लागल बा।

अभी ले 18 गो शव बरामद

मिसिंगेट-थांग्स्को इलाका के कोयला खदान में भइल विस्फोट में अब तक 18 गो शव बरामद कइल गइल बा। मृतकन के संख्या आउर बढ़ सकेला। एह दर्दनाक घटना पs प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी शोक जतवलें। पीएम हर मृतक के परिजनन के 2 लाख रुपिया अनुग्रह राशि देवे के घोषणा कइले बाड़ें, जबकि घायलन के 50 हजार रुपिया सहायता राशि दिहल जाई।

आउर लोगन के फंसल होखे के आशंका

मेघालय के मुख्यमंत्री कोनराड के संगमा एह घटना पs दुख जतावत जांच के आदेस देले बाड़ें। पूर्वी जयंतिया हिल्स के पुलिस अधीक्षक विकास कुमार बतवलें कि बचाव अभियान के दौरान घटनास्थल से कुल 18 गो शव मिलल बा। डीजीपी नोंगरांग कहलें कि, “विस्फोट के समय खदान के अंदर केतना मजदूर मवजूद रहे लोग, एकर सही जानकारी अभी तक नइखे मिल सकल। आशंका बा कि आउर लोग फंसल हो सकत बा।”

बचाव आ राहत अभियान जारी

विस्फोट में घायल भइल एगो व्यक्ति के पहिले सुतंगा प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र ले जाइल गइल, ओकरा बाद बेहतर इलाज खातिर शिलांग के एगो अस्पताल में रेफर कs दिहल गइल। पुलिस बतवलस कि राष्ट्रीय आपदा प्रतिक्रिया बल (NDRF), राज्य आपदा प्रतिक्रिया बल (SDRF) आ विशेष बचाव दल (SRT) के टीमन के घटनास्थल पs तैनात कs दिहल गइल बा आ बचाव आ राहत अभियान लगातार जारी बा।

Read Also: 06 फरवरी 2026 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-