शिलांग। मेघालय के पूर्वी जयंतिया हिल्स जिला में बियफे के दिन एक अवैध कोयला खदान में डायनामाइट विस्फोट हो गइल, जवना में दस लोगन के जान चल गइल। एह घटना में एगो आदमी गंभीर रूप से घायल भइल बा। ई कोयला खदान जिला के मिसिंगेट-थांग्स्को इलाका में इस्थित बा। स्थानीय मीडिया रिपोर्ट में एह बात के जानकारी दिहल गइल बा।
पूर्वी जयंतिया हिल्स के पुलिस अधीक्षक विकास कुमार बतवलें कि दूरदराज इलाका में मवजूद एह खदान से अब तक दस गो शव बरामद कइल गइल बा। संगही एगो झुलसल व्यक्ति के इलाज खातिर शिलांग भेजल गइल बा।
घटना के जानकारी मिलतही राज्य आपदा प्रतिक्रिया बल (SDRF) आ दमकल आउर आपात सेवा के टीमन के मौका पs भेजल गइल। अधिकारी लोग बतवलें कि मृतकन के संख्या आउर बढ़ सकेला। घटनास्थल से मिलल जानकारी के अनुसार, जवन पहाड़ी में अवैध खनन चलत रहे, विस्फोट के बाद ओकर एगो हिस्सा धंस गइल, जवना से आउर खनिकन के फंसल होखला के आशंका जतावल जा रहल बा।








