मायावती के हमला, विपक्ष के बेरोजगार कहल भाजपा के अहंकारी सोच

Share

बसपा सुप्रीमो मायावती कहली कि विपक्ष के प्रति भाजपा के रवैया द्वेष अउरी अहंकारपूर्ण बा। उ कहलें कि सरकार जनहित के प्रति चिंतित नाइ ह। ई कारण हवे कि महंगाई, गरीबी अउर बेरोजगारी से जूझत जनता खातिर सुधार के काम नजर नाइ आ रहल बा।
उ ट्वीट कs के कहली कि यूपी विधानसभा मानसून सत्र से पहिले भाजपा के दावा कि प्रतिपक्ष इहाँ बेरोजगार बा। ई इनकर अहंकारी सोच अउरी गैर-जिम्मेदाराना रवैया उजागर करsला। सरकार के सोच जनहित अउरी जनकल्याण के प्रति ईमानदारी अउरी वफादारी साबित करे के होखे के चाहीं, न कि प्रतिपक्ष के विरुद्ध जलन के रवैया के।

उ कहली कि यूपी सरकार अगर प्रदेश के समुचित विकास अउरी जनहित के प्रति चिंतित अउरी गंभीर होत त उनकर ई विपक्ष-विरोधी बयान नाइ आइत, बलुक उ बतावत कि जबर्दस्त महंगाई, गरीबी, बेरोजगारी, गड्ढेयुक्त सड़क, बदतर शिक्षा, स्वास्थ्य अउरी कानून व्यवस्था में नजर आए वाला सुधार कइल गइल बा अउरी पलायन भी रोकले बा।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-