Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गाजियाबाद में तीन मंजिला इमारत में लागल भीषण आग, 2 लइकन समेत 5 के मउत

126
Google Ads 300*250 for posts

 

 

गाजियाबाद के तीन मंजिला इमारत में लागल भारी आग में पांच लोग के दुखद मौत हो गईल। मरेवाला में दु बच्चा भी शामिल बाड़े। लोनी बॉर्डर थाना क्षेत्र के बेहटा हाजीपुर गांव में रात के करीब 8 बजे के घटना हs.आग तेजी से फैल गईल जवना के चलते लोग के भागे के मौका ना मिलल। आग लगला के बाद तीन बच्चा, दु महिला अवुरी एगो लईकी घर में फंस गईल। दमकल विभाग के जवान पांच गो लाश बरामद कईले बाड़े। बतावल जाता कि इमारत में फोम के कारोबार चलत रहे।

शार्ट सर्किट के चलते घर में आग लाग गईल। दमकल विभाग के टीम राहत अवुरी बचाव के काम में लागल बिया। घर संकरी गली में होखे के चलते दमकलकर्मी के राहत अवुरी बचाव कार्य में बहुत परेशानी के सामना करे के पड़ल।

हाजीपुर के घटना

इश्तियाक अली अपना परिवार के संगे बेहटा हाजीपुर गांव में तीन मंजिला मकान में रहत रहले।  परिवार में उनुकर बेटा सारिक, सारिक के पत्नी, सात महीना के बच्चा अवुरी बहिन रहली। सारिक के दूसर बहिन अपना तीन बच्चा के संगे उनुका घरे आईल रहली। सारिक घर में फोम के काम करेला। बतावल जाता कि रात के करीब 8 बजे बिजली के शार्ट सर्किट के चलते घर में आग लाग गईल। घर में फोम भरला के चलते कुछ समय में आग ऊपरी मंजिल ले पहुंच गईल। एकरा चलते परिवार के लोग घर में फंस गईले।

आग लगला के बाद आईल पड़ोसी लोटा से पानी डाल के आग बुझावे के कोशिश कईले, बाकिर आग पs काबू ना पवले। आग लगला पs दमकल अवुरी पुलिस के घटना के जानकारी दिहल गईल। ट्रॉनिका सिटी से फायर ब्रिगेड के गाड़ी कुछ समय में मौका पs पहुंच गईल। दु मंजिल के आग जल्दी से बुझावल गईल, बाकिर एक मंजिल पs लागल आग बुझावे में समय लागल। जवना गली में घर बा उs बहुत संकरी बा। एकरा चलते फायर ब्रिगेड के गाड़ी भीतर ना पहुंच पवलस। दमकल विभाग के कर्मचारी के आग पs पूरा तरीका से काबू पावे में परेशानी होखत रहे।

 

 

 

 

861700cookie-checkगाजियाबाद में तीन मंजिला इमारत में लागल भीषण आग, 2 लइकन समेत 5 के मउत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.