Maharashtra Fire : ठाणे के 18 मंजिला इमारत में लागल भीषण आग, दु लोग झुलसल, 70 के बचावल गइल

Fire breaks out in 18 storey building in Thane, fire brigade rescues trapped residents

Share

नई दिल्ली। महाराष्ट्र के ठाणे में भारे एगाे 18 मंजिला इमारत आग के चपेट में आ गइल ।आग के लपट के बीच 70 से जादे लोग भीतरे फंस गइल, जेकरा के रेस्क्यू कइल गइल। पुलिस के माेताबिक, एह घटना में 2 लोग घायल भइल बा।

ई घटना ठाणे के शास्त्री नगर इस्थित मिलान हिल के हs। आज सबेरे लगभग 4 बजे बिजली के पाइप से चिंगारी उठल आ पलक झपकतही पूरा बिल्डिंग आग के चपेट में आ गइल।

कइसे लागल आग?

ठाणे नगर निगम के आपदा प्रबंधन अधिकारी यासीन ताडवी के मोताबिक, हमनी के सबेरे 4:14 बजे आग लागे के सूचना मिलल। आग 10वीं आ 13वीं मंजिल के बीच में इस्थित बिजली के पाइप में लागल रहे, जवना से इमारत के भीतर भारी धुआं भर गइल रहे।

यासीन के अनुसार, धुआं के कारण लगभग 70 से जादे लोग अंदर फंस गइल। दमकल कर्मी आ रेस्क्यू टीम मिलके सबके सुरक्षित बाहर निकाल लेलस। हालांकि, एह घटना में 62  साल के आ 74 साल के दु लोग बुरा तरे झुलस गइल। दुनो घायलन के निजी अस्पताल में भरती करावल गइल बा।

आग पs पावल गइल काबू

अधिकारी के अनुसार, दमकल कर्मी सबेरे लगभग 5:30 बजे तक आग पs काबू पा लेले रहे लोग। आग लगला के सटीक कारण अभी पता नइखे चल सकल। पुलिस एह पूरा ममिला के जांच करत बिया।

Read Also: ED Raid : पश्चिम बंगाल में कोयला तस्करी केस में ED के बड़ कार्रवाई, कोलकाता-दुर्गापुर सहित 9 ठिकानन पs छापा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-