ईरान के करमान शहर में भीषण ब्लास्ट, 103 लोगन के मउत, धमाका के जद में अइले 170 लोग हताहत

Share

 

 

ईरान के करमान शहर में एगो कब्रिस्तान के लगे एगो बड़हन विस्फोट हो गइल बा। एह धमाका में 103 लोग के मउत हो गइल। मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक कमांडर कासिम सुलेमानी के ए कब्रिस्तान में दफनावल गईल बा। खबर बा कि केरमान शहर के एगो कब्रिस्तान का लगे कम से कम दू गो विस्फोट का बाद नाहियो त बीस लोग के मौत हो गइल बा जहाँ मारल गइल कमांडर कासिम सुलेमानी दफन बाड़े। बुध के दिने ईरान में उनुका निधन के चउथा सालगिरह मनावल जात रहुवे। ईरानी सरकारी मीडिया करमान शहर में एगो कब्रिस्तान के लगे दू गो विस्फोट के खबर आइल बा।

73 लोग के मउत के पुष्टि, आंकड़ा बढ़ सकता

ईरान के सरकारी टेलीविजन दक्षिण पूर्वी शहर करमान में उत्सव के दौरान पहिला आ फेर दुसरका विस्फोट के खबर दिहलस। आ कहलस कि नाहियो त 73 लोग के मउत हो गइल। ई आंकड़ा अउरी बढ़ सकेला। करमान प्रांत के एगो स्थानीय अधिकारी के हवाला से सरकारी मीडिया कहलस कि, विस्फोट आतंकी हमला के चलते भईल बा। एकरा से पहिले एगो न्यूज चैनल पहिले कहले रहे कि, “कब्रिस्तान जाए वाली सड़क पs कई गो गैस के कनस्तर विस्फोट भईल।” सुलेमानी के निधन के सालगिरह के मौका पs ए इलाका में एगो समारोह खातीर भीड़ जुटल रहे। दू दशक से अधिका समय से इस्लामिक रिवोल्यूशनरी गार्ड कोर (आईआरजीसी) के विदेशी अभियान शाखा कुदस फोर्स के नेतृत्व करे वाला सुलेमानी।जनवरी 2020 में इराक में भइल अमेरिकी हवाई हमला में उनकर मउत हो गइल रहे।

 

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-