IAS पूजा सिंघल के करीबी विशाल चौधरी के ठिकानन से ईडी छापेमारी में बेहिसाब लेन-देन के साक्ष्य जुटवले बा। झारखंड कैडर के कइयन गो आईएएस अधिकारियन से विशाल चौधरी के करीबी रिश्ता बा। विशाल के आईएएस राजीव अरुण एक्का के करीबी मानल जाला, बाकिर उनका अलावे आउर आईएएस आ एगो आईएफएस अधिकारी के विशाल के इहां आइल-गइल होत रहे।
विशाल अशोक नगर रोड नंबर 6 में किराया के घर ले के रखले बा। ऊ रियल स्टेट, कौशल विकास, स्वास्थ्य, उत्पाद विभाग से जुड़ल कारोबार करेला। जानकारी के मोताबिक 2012 में विशाल विनायका फंडामेंटल रिसर्च एंड एजुकेशन सोसायटी के शुरुआत कइले रहे। एकरा बाद ऊ झारखंड स्किल डेवलपमेंट मिशन के संगे एमओयू कइले रहे। ऊ फ्रंटलाइन प्रोमोटर्स प्रा. लि. रजिस्टर ऑफ कंपनीज में पत्नी श्वेता सिंह चौधरी, पिता त्रिवेणी चौधरी के निदेशक बतावत 25 मई 2009 के कंपनी खोलले रहे। कंपनी के रजिस्टर्ड पता मुजफ्फरपुर के बा । विशाल के द्वारा व्यम इंफो सिक्योरिटी सर्विस प्रा. लि, व्याम इंफो सॉल्यूशन आ आउर कंपनियन के संचालन कइल जात रहे। ईडी सूत्रन के मोताबिक, मंगर के छापेमारी के बाद जब्त कागजातन में करोड़न के लेन देन के साक्ष्य मिलल बा।
मुजफ्फरपुर जिला के राहुलनगर निवासी विशाल चौधरी उर्फ विक्की के घर पs मंगर के भोरे ईडी के तीन सदस्यीय टीम छापेमारी कइलस। झारखंड के निलंबित आईएएस पूजा सिंघल से पूछताछ में विशाल के नाव आइल बा। तलाशी कर रहल ईडी के अधिकारी लो कवनो तरे के आधिकारिक बयान नइखे देले।प्रॉपर्टी के पेपर के प्रति लेवे ला ईडी के अधिकारी फोटोकॉपी मशीन संगे ले आइल रहे लो। सब पेपरन के स्कैन आ फोटोकॉपी साथे ले गइल लो।
आठ घंटे ले चलल छापेमारी
भोरे सात बजे टीम राहुलनगर पहुंचल आ दुपहर 2:52 बजे विशाल के घर से निकलल। राहुलनगर रोड नंबर 15 में आवास नंबर 108 विशाल के बाबूजी त्रिवेणी के घर हs। स्थानीय पुलिस के संगे टीम जांच कइलस। ईडी के अधिकारी लो प्रॉपर्टी आ बैंक के कागजात खंगारल। हालांकि, छापेमारी में कवनो तरे के संपत्ति मिलल बा, एह संबंध में कवनो जानकारी ना डिहल गइल।
तीन दिन पहिले घरे सत्यापन करे आइल रहे ईडी
ईडी के टीम गइल तs घर में खाली विशाल के मां वीणा देवी रहस। ऊ छापेमारी के विरोध कइली, बाकिर ईडी के समझवला पs मान गइली। इहो बतावल जा रहल बा कि तीन दिन पहिले ईडी के टीम विशाल के घर के सत्यापन करे आइल रहे। उहां के लोग बतावल कि विशाल पिछला छठ में आइल रहे। ओकरा बाद ना आइल।
हिरासत में ले विशाल के कइयन जगे ले गइल ईडी
ईडी टीम हिरासत में लेके विशाल के कइयन गो जगहन पs सत्यापन खातिर ले गइल। साढ़े 8 बजे ओकरा के अरगोड़ा में विनायका के दफ्तर ले जाइल गइल। जहां घंटन तक कागजातन के सत्यापन करावल गइल। ईडी के आशंका बा कि अपना कंपनियन के जरिए विशाल मनी लाउंड्रिंग कइले बा। ईडी के टीम बैंकन के खाता, निवेश संबंधी कागजात के पड़ताल एह दौरान कइल। सरकार में सप्लायी, ठेका के पहलुअन पs ईडी पड़ताल कर रहल बिया। हालांकि पूछताछ के बाद ईडी विशाल के छोड़ देलस।