Mansa Devi Temple Stampede: हरिद्वार में बड़ हादसा, मनसा देवी मंदिर में मचल भगदड़, 6 लोगन के मौत, 4 घायल

Share

हरिद्वार। प्रसिद्ध मनसा देवी मंदिर में अतवार के सबेरे श्रद्धालुअन के अत्यधिक भीड़ के बीच भगदड़ मच गइल, जेमे अब तक 6 लोगन के मौत हो गइल। हादसा में 4 आउर लोग गंभीर रूप से घायल भइल बा, जेकरा के तत्काल जिला अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

प्रत्यक्षदर्शियन के मोताबिक, ई हादसा सबेरे दर्शन के समय भइल, जब मंदिर परिसर में अचानक भीड़ के दबाव बढ़ गइल। कइयन लोग फिसलके गिर गइल आ ओह लोगन के ऊपर आउर श्रद्धालु चढ़त चल गइल। मंदिर प्रशासन आ पुलिस तत्परता देखावत घायलन के तुरंत अस्पताल पहुंचवलस।

पुलिस बतवलस कि इस्थिति अब नियंत्रण में बा, बाकिर हादसा के कारण पूरा इलाका में अफरा-तफरी के माहौल बा। अधिकारी लोग कहल कि भीड़ प्रबंधन में चूक के जांच कइल जा रहल बा आ CCTV फुटेज खंगारल जा रहल बा। हादसा के समय मंदिर में हजारन के संख्या में श्रद्धालु मवजूद रहे लो, जे दर्शन खातिर दूर-दराज से आइल रहे लो।

Read Also: 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-