देश में प्रचलित तपत गर्मी अवुरी गर्मी के लहर के बीच आपके एसी यानी एयर कंडीशनर के टेंपरेचर के लिमिट बहुत जल्दी होखे वाला बा। केंद्र सरकार एसी के तापमान के लेके एगो नया नियम लेके आवत बिया। एकरा बाद एसी के 20 डिग्री से नीचे चाहे 28 डिग्री से ऊपर ना सेट कईल जा सकता। अगर सरल भाषा में बतावल जाव तs रउरा अपना कमरा के 20 डिग्री सेल्सियस से नीचे ठंडा ना कs पाइब भा 28 डिग्री सेल्सियस से ऊपर गरम ना कs पइब. केन्द्र सरकार के मंत्री मनोहर लाल खट्टर मंगल के दिने ई जानकारी दिहलन. आवासीय, व्यावसायिक प्रतिष्ठान अवुरी गाड़ी में लगावल एसी पs इs नाया नियम लागू होई, यानी घर, ऑफिस अवुरी गाड़ी में एसी 20 डिग्री से नीचे ना चले पाई।
नया नियम के का कारण बा?
नयका नियम के संगे सरकार के पहिला उद्देश्य बिजली के जादा खपत कम कईल बा। केंद्रीय मंत्री कहले कि ऊर्जा संरक्षण, बिजली के खपत में कमी अवुरी पर्यावरण संतुलन के ध्यान में राखत इs फैसला लिहल गईल बा। बता दीं कि एसी जेतना कम चलेला ओतने बिजली के खपत होला। एकरा अलावे जलवायु परिवर्तन के खिलाफ लड़ाई में भी मदद मिली।
केंद्रीय मंत्री जापान-इटली के उदाहरण देले
खट्टर मंगल के मोदी सरकार के 2047 के विजन के रेखांकित करत रहले। एह दौरान उs कहले कि सरकार पूरा देश में एगो नाया सिस्टम ले आवे वाली बिया, जवना के तहत सभ एसी के तापमान 20 डिग्री सेल्सियस से नीचे अवुरी 28 डिग्री से ऊपर ना लिहल जा सके। इs सिस्टम कूलिंग अवुरी हीटिंग दुनो स्थिति में काम करी। प्रेस कांफ्रेंस के संबोधित करत केंद्रीय मंत्री कहले कि एयर कंडीशनर के तापमान के मानकीकरण के प्रावधान कईल जाता। एकरा के बहुत जल्दी लागू होखे वाला बा। उs कहले कि बहुत देश अयीसन बा जहां इs व्यवस्था लागू बा। उs जापान के उदाहरण भी देले जहां सीमा 26 डिग्री बा। एकरा साथे इटली के बात करत उs कहले कि इहाँ 23 डिग्री बा।
अब एसी कवना तापमान पs चलेला?
बता दीं कि फिलहाल बहुत कंपनी के एसी न्यूनतम तापमान 16 डिग्री पs चल सकता। इs नियम लागू होखला के बाद एयर कंडीशनर कंपनी अपना नयका एसी खातीर एकरा के लागू करीहे। माने कि एकरा बाद जवन एसी बाजार में आई ओकरा से कम से कम 20 डिग्री ठंडा हो जाई अवुरी तापमान 28 डिग्री से ऊपर ना सेट कईल जा सकता।
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: अगर रउरा के दिन भर भूख ना लागेला तs इs योग नियमित रूप से करीं