Crime: शर्मनाक! शख्स लाठी आ ईंटा से मारके कइलस माई के हत्या,  

Share

 

रतलाम जिला में मानवता के शर्मिंदा करे के मामला सोझा आईल बा। इहाँ एगो आदमी अपना महतारी के पीट-पीट के मुआ दिहलस। आरोपी पहिले अपना महतारी के लाठी से पीट दिहलस। एकरा बाद उs महतारी पs ईंट से भी हमला कईले। महतारी के मौत के बाद मामला के छिपावे अवुरी हत्या के जगह आत्महत्या के मामला बनावे खातीर उs आदमी महतारी के लाश के नीम के पेड़ से फांसी लगा देलस। बतावल जात बा कि आरोपी अपना महतारी के रात के खाना ना दिहला पs पीट-पीट के मुआ दिहलस. पुलिस एs घटना के बारे में शुक के जानकारी देले बिया।

खाना परोसे के लेके विवाद भईल

एगो अधिकारी बतवले कि इs घटना बियफ़ें के रात में भईल। इs शर्मनाक घटना जिला मुख्यालय से करीब 30 किलोमीटर दूर सरावन गांव में भईल। सरावन थाना निरीक्षक नीलम चौघड़ बतवले कि शिकायतकर्ता महिला के पति मालिया भील के आरोप बा कि उनुकर बेटा आशाराम देर रात उनुका महतारी जीवबाई (65 साल) के हत्या कs दिहलस। नीलम चौघड बतवले कि जांच से पता चलल कि आरोपी के महतारी से रात के खाना परोसे के लेके झगड़ा भईल रहे।

घटना के समय पिताजी सुतल रहले

थाना निरीक्षक नीलम चौघड़ बतवले कि आरोपी के महतारी से झगड़ा भईल,बाकीर पिता के हस्तक्षेप के बाद उहाँ से चल गईल। बाद में वापस आके माई के लाठी से पीट दिहलस। एकरा बाद उs महतारी पs ईंट से भी हमला कईलस। घटना के समय आरोपी के पिता सुतल रहले। उ बतवले कि हत्या कईला के बाद आरोपी अपना महतारी के लाश के घर के आँगन में नीम के पेड़ से फांसी देके हत्या के आत्महत्या के मामला देखा देलस। अधिकारी बतवले कि लाश के पोस्टमार्टम खातीर भेज दिहल गईल बा अवुरी आरोपी के तलाश शुरू कs दिहल गईल बा।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-