महामंडलेश्वर बनल रहिहें ममता कुलकर्णी, इस्तीफा भइल नामंजूर

महामंडलेश्वर बनल रहिहें ममता कुलकर्णी

Share

ममता कुलकर्णी (Mamta Kulkarni) से ममता नंद गिरी पूर्व एक्ट्रेस आजुकाल्हु सुर्खियन में बाड़ी. बता दीं, हाल ही में उ किन्नर आखरा के महामंडलेश्वर के पद से इस्तीफा दे देले रहले। हाल ही में ममता कुंभ में संन्यासी बनली आ किन्नर आखर के महामंडलेश्वर बनावल गइली. जवना के बाद उनुका लगातार विरोध के सामना करे के पड़ल। अब ममता कुलकर्णी से जुड़ल एगो बड़हन खबर सामने आइल बा.

ममता कुलकर्णी के इस्तीफा खारिज कs दिहल गइल 

हाल ही में ममता कुलकर्णी एगो वीडियो शेयर कईले बाड़ी, जवना में उs महामंडलेश्वर के पद पs आगे बढ़े के पुष्टि कईले बाड़ी। वीडियो शेयर करत घरी उs कहली कि 2 दिन पहिले कुछ लोग हमरा गुरु आचार्य लक्ष्मी नारायण त्रिपाठी पs झूठा आरोप लगवले रहले। ओह भावना में हम अपना पद से इस्तीफा दे दिहनी. बाकिर ऊ एह इस्तीफा के खारिज कs दिहले बाड़न.  जवन गुरु भेंट हम अपना आचार्य के देले रहनी उs महामंडलेश्वर बनला के बाद भंडारा खातिर दिहल जाला। हम उनुकर आभारी बानी उs हमरा के एह पद पs बहाल कईले। भविष्य में किन्नर अखाड़ा आ सनातन धर्म खातिर आपन जीवन समर्पित करब।

कैलाश पर्वत जाए के जरुरत नइखे 

बता दीं, दू दिन पहिले ममता कुलकर्णी एगो वीडियो शेयर कइले रहली। जवना में उs महामंडलेश्वर के पद से इस्तीफा देवे के पुष्टि कईले रहली। इहो कहली कि हमरा कैलाश पर्वत भा गंगा मानसरोवर जाए के जरुरत नइखे. पूरा ब्रह्मांड हमरा सामने बा। 25 साल से तपस्या कइले बानी। उs लोग जेकरा आज हमरा महामंडलेश्वर बनला के चलते समस्या के सामना करे के पड़ता। उs लोग के ब्रह्म विद्या आदि के बारे में कुछुओ पता नईखे। ममता कुलकर्णी के ई वीडियो सोशल मीडिया पर वायरल भइल बा.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-