शिवसेना से विद्रोही विधायकन के धमकी लेबे के मामिला तेजी से बढ़ रहल बा. अमरावती से निर्दलीय सांसद नवनीत राणा शनिचर का दिने केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह से गोहार लगवलें कि विद्रोही विधायकन के परिवारन के सुरक्षा दिहल जाव. राणा कहले कि उद्धव ठाकरे के छोड़ के जवन भी नेता आपन फैसला लेतारे, जवन कि बालासाहेब ठाकरे के विचारधारा के संगे बा। अमित शाह जी उनुका के सुरक्षा देवे के चाही। उद्धव ठाकरे के गुंडागर्दी खत्म होखे के चाही। राज्य में राष्ट्रपति शासन के मांग करतानी।
महाराष्ट्र के गृह राज्य मंत्री रहल आ विद्रोही विधायक दीपक केसरकर खुलासा कइले बाड़न कि एकनाथ शिंदे के शिविर से शिवसेना के विधायकन के समर्थन से एगो नया समूह ‘शिवसेना बालासाहेब’ बनावल गइल बा. शिंदे गुट के दावा बा कि ओकरा लगे शिवसेना के चालीस से अधिका विधायक आ अउरी कई गो निर्दलीयन के समर्थन बा.
#MaharashtraPoliticalCrisis | #ShivSena national executive passes resolution third resolution, which gives rights to take action against rebels given to Party president #UddhavThackeray. | @alokdesh reports
Click the link for live updates: https://t.co/IHMzmB9KMb
— The Hindu (@the_hindu) June 25, 2022
राकांपा-शिवसेना के कार्यकर्ता विद्रोही विधायक के होटल के बाहर प्रदर्शन कइलें
शिवसेना असम के प्रदेश इकाई प्रमुख रामनारायण सिंह विद्रोही शिवसेना नेता एकनाथ शिंदे के चिट्ठी लिखले बाड़न कि ऊ मुख्यमंत्री उद्धव ठाकरे का साथे वापस आसु. ओने, असम के गुवाहाटी के रेडिसन ब्लू होटल के बहरी राकांपा अवुरी शिवसेना के असम यूनिट प्रदर्शन कईलस। बाद में उनुका के मौका से निकाल दिहल गईल। महाराष्ट्र के विद्रोही विधायक फिलहाल ए होटल में ठहरल बाड़े।
मुंबई में धारा 144 लागू
महाराष्ट्र में शिवसेना के आंतरिक असहमति अब हिंसा में बदल गइल बा. कई जगह शिवसेना के कार्यकर्ता विद्रोही नेता लोग के लुकाइल जगह प हमला कईले। ओने मुंबई में कवनो अप्रिय घटना के रोके खाती धारा 144 लागू हो गईल बा।