एगो उम्मीदवार अइसनो बा… पहिले हरलें फेर जीतलें, वोटन के दोबारा गिनती भइल तs 48 वोट से विजयी भइल ई नेता

Share

Maharashtra LokSabha election Result 2024 में मुकाबला बेहद दिलचस्प रहे। मुकाबला एतना दिलचस्प रहे कि काउटिंग के दौरान दु उम्मीदवारन के बीच फासला खाली एक वोट के रहे। एह लोकसभा सीट पs शिवसेना (उद्धव गुट) के उम्मीदवार अमोल कीर्तिकर (Amol Kirtikar) के लड़ाई शिवसेना (शिंदे गुट) के नेता रविंद्र वायकर (Ravindra Waikar) से रहे।

जब 1 वोट से आगे चलत रहलें अमोल कीर्तिकर

26 राउंड के काउटिंग के बाद जब अमोल कीर्तिकरएक वोट से आगे चलत रहे कि तब रविंद्र वायकर रि-काउंटिंग के अपील कइलें। रि-काउंटिंग भइल आ इनवैलिड पोस्टल वोट के वेरिफिकेशन के बाद रविंद्र वायकर अमोल कीर्तिकर के 48 वोट से हरा देलें। 2024 लोकसभा चुनाव में जीत के ई सबसे छोट मार्जिन बा।

रीकाउंटिंग से बदलल रिजल्ट

बता दीं कि जब अमोल कीर्तिकर के 681 वोटन के मार्जिन से विजेता घोषित कइल गइल तs रविंद्र वायकर दोबारा वोट गिने के मांग कइलें। रि-काउंटिंग में रविंद्र वायकर 75 वोटन से आगे हो गइलें। एकरा बाद अमोल कीर्तिकर फेर आपत्ति जतवलें आ डाक मतन के गिनती कइल गइल। गिनती में अमोल कीर्तिकर रो 1500 वोट मिललें आ रविंद्र वायकर के 1549 वोट मिलल।

महाराष्ट्र में केकरा मिलल केतना सीट

महाराष्ट्र के 48 लोकसभा सीटन में भाजपा के खाता में खाली नव सीट मिलल। एनसीपी शरद पवार गुट आठ सीट जीतलस। कांग्रेस के 13 सीट मिलल। शिवसेना एकनाथ शिंदे गुट के सात सीट मिलल। एनसीपी (अजीत पवार) गुट के एक सीट मिलल। शिवसेना (उद्धव गुट) नौ सीट जितलस।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-