By-Election: चुनाव आयोग 7 राज्यन के 13 विधानसभा सीटन पs उपचुनाव के कइलें एलान, 10 जुलाई के होई मतदान

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 10, 2024

  भारत निर्वाचन आयोग बिहार, पश्चिम बंगाल, तमिलनाडु, मध्य प्रदेश, उत्तराखंड, पंजाब आ हिमाचल प्रदेश में 13 विधानसभा क्षेत्रन में रिक्तियन के भरे खातिर उपचुनाव करावे के निर्णय लेले बा। चुनाव 10 जुलाई के होई

Share

 

भारत निर्वाचन आयोग बिहार, पश्चिम बंगाल, तमिलनाडु, मध्य प्रदेश, उत्तराखंड, पंजाब आ हिमाचल प्रदेश में 13 विधानसभा क्षेत्रन में रिक्तियन के भरे खातिर उपचुनाव करावे के निर्णय लेले बा। चुनाव 10 जुलाई के होई आ मतगणना 13 जुलाई के होई। चुनाव के लेके भारत निर्वाचन आयोग घोषणा कs देले बा।

ई उपचुनाव 10 जुलाई के बिहार के एगो, बंगाल के चार, तमिलनाडु के एगो, मध्य प्रदेश के एगो, उत्तराखंड के दु, पंजाब के एगो, हिमाचल के तीन सीटन पs मतदान होई। चुनाव आयोग के मोताबिक, एह सीटन पs नोटिफिकेशन 14 जून के जारी होई। नामांकन के आखिरी तारीख 21 जून होई। नामांकन के स्क्रूटनी 24 जून के होई। नामांकन वापस लेवे के आखिरी तारीख 26 जून तय कइल गइल बा। वोटिंग 10 जुलाई के होई आ नतीजा 13 जुलाई के आई।

मध्‍य प्रदेश से अमरवाड़ा के सीट के संगे एह सीटन पs उपचुनाव होई। एमपी विधानसभा क्रमांक 123 के ई सीट कमलेश प्रताप शाह के इस्तीफा के बाद से रिक्‍त बा। छिंदवाड़ा जिला के अमरवाड़ा विधानसभा सीट से विधायक कमलेश शाह पिछला दिनन इस्‍तीफा देके भाजपा के सदस्यता ले लेले रहस। एकरा बाद से ई सीट खाली घोषित कs दिहल गइल रहे। आईं जानल जाव कवना राज्य के कवना सीट पs होई चुनाव।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.