Ladki Bahin Yojana : महाराष्ट्र में 68 लाख ‘लाड़की बहन’ खाता बंद, जानीं काहे सरकार कइलस कार्रवाई

Women beneficiaries of Ladki Bahin Yojana in Maharashtra facing account closure due to incomplete eKYC

Share

नई दिल्ली। महाराष्ट्र में e-KYC नियम के पालन ना करे के चलते करीब 68 लाख ‘लाडकी बहन’ योजना से जुड़ल खाता बंद कs दिहल गइल। अधिकारी लोग बतावल कि राज्य सरकार के महत्वाकांक्षी ‘लाडकी बहन योजना’ के तहत जवन लाभार्थी समय सीमा के भीतर अनिवार्य e-KYC पूरा ना कs सकल, ओह लोगन के खाता निष्क्रिय कs दिहल गइल।

अब सक्रिय खाता घट के 1.75 करोड़ 

एह कार्रवाई के बाद सक्रिय खाता के संख्या घट के करीब 1.75 करोड़ रह गइल बा। हालांकि सरकार e-KYC पूरा करे के आखिरी तारीख बढ़ा के अब 30 अप्रिल कs देले बिया, जवन पहिले 31 मार्च रहे। अधिकारी लोग कहत बा कि जवन खाता बंद भइल बा, अगर ओमे e-KYC पूरा हो जाई तs फेर से सक्रिय कइल जा सकेला।

शिकायत के बाद चलावल गइल अभियान

जानकारी के अनुसार कुल 2.43 करोड़ खाता में से 68 लाख खाता एही कारण से बंद कइल गइल काहे कि लोग समय पs सत्यापन प्रक्रिया पूरा ना कइलस। राज्य सरकार के पास कइयन गो शिकायत अइला के बाद ई विशेष जांच अभियान चलावल गइल।

महिला लोगन के मिलेला हर महीना 1500 रुपिया

एह योजना के तहत आर्थिक रूप से कमजोर महिला लोगन के हर महीना 1500 रुपिया के आर्थिक सहायता दिहल जाला। एह खातिर सरकार हर महीना करीब 3700 करोड़ रुपिया खर्च करत बिया।

बजट में घटल राशि

सक्रिय खातन के संख्या कम होखे के चलते 2026-27 के बजट में एह योजना खातिर 26,000 करोड़ रुपिया के प्रावधान कइल गइल बा, जबकि 2025-26 में ई राशि 36,000 करोड़ रहे। बतावल जा रहल बा कि ई योजना 2024 के विधानसभा चुनाव से ठीक पहिले सुरू कइल गइल रहे।

Read Also: FIFA World Cup : लगातार तीसरका बेर वर्ल्ड कप से बाहर भइल इटली, बोस्निया पेनाल्टी शूटआउट में हरवलस

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-