IPL 2025: पिछला गलतियन से सीख रहल बिया लखनऊ सुपरजायंट्स, अनसोल्‍ड रहल शार्दुल ठाकुर के लाग सकत बा लॉटरी

Anurag Ranjan

स्पाेर्ट्स डेस्क : लखनऊ सुपरजायंट्स पिछिला कुछ सत्रन में कइल गइल गलतियन से सीख लेत अबकी बेर आईपीएल सुरू होखे से पहिलही चोटिल तेज गेंदबाजन के विकल्प अपना लगे रख लेले बिया। लखनऊ के तीन तेज गेंदबाज चोट से उबर रहल बा लो।

पिछिला साल अपना गति से सबका के चउकावे वाला मयंक यादव चोटिल बाड़ें। मोहसिन खान आ आवेश खान के फिटनेस संदेह के घेरा में बा। अइसन में 11 करोड़ रुपिया में रिटेन कइल गइल मयंक यादव भा मोहसिन आ आवेश में से केहूओ बाहर होत बा तs उनकर जगे शार्दुल ठाकुर लखनऊ सुपरजायंट्स में सामिल हो सकत बाडें।

संगही मेगा नीलामी में ना बिके वाला यूपी के तेज गेंदबाज शिवम मावी पs प्रबंधन के नजर बा।

पिछिला सत्रन में ना लेत रहे लखनऊ, खिलाड़‍ियन के विकल्प

लखनऊ सुपरजायंट्स के प्रबंधन में सामिल एगो वरिष्ठ अधिकारी बातचीत में बतवलें, ‘हमनी के पिछला तीन सत्रन में चोटिल खिलाड़‍ियन के विकल्प बाद में खोजनी सs, बाकिर अबकी बेर हमनी के ई गलती दोहरावे के नइखी सs चाहत। हमनी के कैंप सुरू होखे से पहिले आश्वस्त होखल चाहत बानी सs कि जे खिलाड़ी पूरा सत्र ना खेल पाई लो तs हमनी के लगे ओकर विकल्प तइयार होखे।’

अबकी बेर हमनी के मेगा नीलामी में ना बिकल कुछ भारतीय तेज गेंदबाजन के संपर्क में बानी सs। ऊ हमनी के संगे अभ्यास सत्रो में सामिल हो रहल बा लो। जल्दिये चोटिल खिलाड़‍ियन पs स्पष्टता मिलला पs हमनी के आधिकारिक घोषणा कs सकत बानी सs। शार्दुल एक हफ्ता से हमनी के कैंप से जुड़ल बाड़ें। जदि कवनो तेज गेंदबाज चोटिल होखत बा तs हमनी के आइपीएल के नियमन के तहत उनका के सामिल करेम सs।

ई खिलाड़ी अभी ले हो चुकल बा लो सामिल

आईपीएल सुरू होखे में अब खाली चार दिन बाकी बा, बाकिर चोटिल खिलाड़‍ी फ्रेंचाइजियन के अपना रणनीति में फेरबदल करे खातिर मजबूर कs देले बा लो। मुंबई जहां चोटिल अल्लाह गजनफर के जगह मुजीब उर रहमान आ लिजाड विलियम्स के जगह कॉर्बिन बॉश के सामिल कइले बा।

ओहिजा, सनराइजर्स हैदराबाद ब्राइडन कार्स के विकल्प के रूप में वियान मुल्डर आ गत चैंपियन केकेआर भारत के सबसे तेज गेंदबाज उमरान मलिक के विकल्प के रूप में चेतन सकारिया के सामिल कs के अपना टीम के संतुलित करे के प्रयास कइले बा। हालांकि, अबकी बेर खिलाड़‍ियन के विकल्प के लेके नियमन में कइयन गो फेरबदल कइल गइल बा।

आईपीएल में खिलाड़‍ियन के विकल्प के बा ई नियम

  • बीसीसीआई के डॉक्टर जदि ई पुष्टि करत बा कि चोटिल खिलाड़ी पूरा सत्र खातिर अब उपलब्ध नइखे हो सकत तs ओकर विकल्प लिहल जा सकत बा
  • जवना चोटिल खिलाड़ी के विकल्प लिहल जात बा, ऊ संबंधित सत्र के दौरान कवनो मैच में फ्रेंचाइजी खातिर फेर से नइखे खेल सकत।
  • चोटिल खिलाड़ी खातिर अब मध्य सत्र विकल्प के नियम बदल गइल बा, पहिले के सात लीग मैचन तक के विकल्प के अब 12 लीग मैचन तक बढ़ा दिहल गइल बा
  • खिलाड़‍ियन के विकल्प के रूप में आवे खातिर, केहू के नाम संबंधित सत्र खातिर पंजीकृत उपलब्ध खिलाड़ी पूल (आरएपीपी) सूची में सामिल होखे के चाहीं
  • पूरा सत्र खातिर ओकर लीग फीस (100 प्रतिशत उपलब्धता मानत) आरएपीपी सूची में दर्ज ओकरा द्वारा निर्धारित आरक्षित मूल्य से कम ना होखे के चाहीं
  • कवनो फ्रेंचाइजी जदि गेंदबाज के नेट गेंदबाज के रूप में आरएपीपी सूची में सामिल करत बिया, बाकिर आउर फ्रेंचाइजी ओकरा के लेहल चाहत बा तs ओह फ्रेंचाइजी के लगे खिलाड़ी के रोके के अधिकार ना होई
  • जदि कवनो खिलाड़ी के विकल्प के रूप में सामिल कइल जात बा तs संबंधित सत्र के दौरान ओकर लीग फीस फ्रेंचाइजी के बाकी मैचन के ध्यान में रखत दिहल जाई
  • विकल्प के रूप में सामिल खिलाड़‍ियन के लेते घरी फ्रेंचाइजी के 25 खिलाड़‍ियन के टीम संरचना विनियमन के अनुपालन करे के होई
  • 2025, 2026 आ 2027 सत्रन के दौरान विकल्प के रूप में सामिल खिलाड़ी लेवे वाला फ्रेंचाइजी के अगिला लागू सत्र खातिर अनुबंध के अवधि बढ़ावे के अधिकार बा (जदि कवनो होखे)

Read Also: Sensex : शेयर बाजार में खरीदारी बरकरार; सेंसेक्स 500 अंक उछलल, निफ्टी 22650 के पार पहुंचल

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।