UP Cabinet: यूपी कैबिनेट के किसानन के तोहफा, गन्ना मूल्य में 20 रुपिया प्रति क्विंटल बढ़ोतरी के दिहलस मंजूरी

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के अध्यक्षता में बीयफ़ें के भ‌इल कैबिनेट बैठकमेंs सरकार गन्ना किसानन के तोहफा देहल । कैबिनेट गन्ना मूल्य में 20 रूपिया प्रति क्विंटल के वृद्धि के मंजूरी दे दिहल। एकरे तहत गन्ना के तीनों किस्म में 20 रूपिया प्रति क्विंटल के वृद्धि क‌इल ग‌इल हs।

एकरे पहिले, गन्ना मूल्य के लेकर प्रदेश सरकार विधानसभा चुनाव से पहिले 2021 में 25 रुपिया प्रति क्विंटल के बढ़ोतरी क‌इले रहल। वर्तमान में सामान्य गन्ना के मूल्य 340 रुपिया प्रति क्विंटल आ अगेती प्रजापति के गन्ना के मूल्य 350 रुपिया प्रति क्विंटल हs। कैबिनेट बैठक में पेराई सत्र 2023-24 के खातिर सहकारी क्षेत्र, निगम आ निजी क्षेत्र सहित सजो चीनी मिलन के ओर से खरीदल जाए वाला गन्ना के राज्य परामर्शित मूल्य एसएपी निर्धारण हो‌ई।

बैठक के बादे मीडिया के संबोधित करत वित्त मंत्री सुरेश खन्ना बतवन कि बैठक में कुल 18 गो प्रस्तावन के मंजूरी दीहल ग‌इल‌ हs।

ए प्रस्तावन के दिहल ग‌इल सहमति

– योगी कैबिनेट सेमी कंडक्टर नीति के मंजूरी दे दीहल गइल।

– चौरी-चौरा के नामे पे होई मुंडेरा नगर पंचायत के नाम।

– उत्तर प्रदेश मेट्रो रेल कारपोरेशन के राज्य आ स्थानीय कर, संपत्ति कर, गृहकर, सर्विस चार्ज, जलकर, विज्ञापन कर आ पार्किंग शुल्क में छूट के मंजूरी दे दीहल ग‌इल।

– उच्च शिक्षा मंत्री योगेंद्र उपाध्याय के अनुसार, कैबिनेट तीन गो निजी विश्वविद्यालयन के स्थापना के मंजूरी दीहल ग‌इल।

उमेश पाल हत्याकांड में जांच रिपोर्ट कैबिनेट में रखल ग‌इल

प्रयागराज में उमेश पाल हत्याकांड के आरोपियन के एनकाउंटर आ अतीक अहमद आ उंकरा भाई अशरफ के हत्या के मामिला के न्यायिक जांच रिपोर्ट कैबिनेट में रखल ग‌इल। बता देंई कि उमेश पाल हत्याकांड के आरोपियन के एनकाउंटर के जांच के खातिर राज्य सरकार बीतल साल 15 अप्रिल के न्यायिक जांच आयोग के गठन क‌इले रहल। आयोग अतीक के बेटा असद, शूटर मोहम्मद गुलाम, अरबाज आ विजय चौधरी उर्फ उस्मान के एनकाउंटर के जांच क‌इले रहल। दुसरा ओर, अतीक अहमद आ उंकरा भाई अशरफ के प्रयागराज के जिला अस्पताल परिसर में भ‌इल हत्या के मामिला के जांच न्यायिक आयोग से करावल ग‌इल रहे। सूत्रन के मुताबिक दुनों न्यायिक आयोग आपन रिपोर्ट शासन के सौंप दीहले हs, जेके बीयफ़ें के कैबिनेट में पेश क‌इल जा‌ई।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-