सेंट्रल डेस्क। एलपीजी सिलिंडर के कमी के बीच भारत पेट्रोलियम कॉरपोरेशन लिमिटेड (BPCL) नया नियम लागू कइले बा। अब जवन उपभोक्ता साल भर में 12 गो सिलिंडर ले चुकल बा, ओह लोग के अगिला बुकिंग खातिर “Hello BPCL” ऐप पs जाके कुछ सवालन के जवाब देवे के पड़ी।
एह नया नियम के तहत उपभोक्ता के परिवार में सदस्यन के संख्या, घर में मेहमान के आवागमन, शादी-बियाह, भंडारा भा दोसरा कार्यक्रमन के जानकारी देवे के पड़ी। ई सब जानकारी भरला के बादे गैस सिलिंडर के बुकिंग होई।
अचानक लागू भइल नियम से बढ़ल परेसानी
अतवार से लागू भइल एह नियम के जानकारी ना तs गैस एजेंसी वाला लोगन के रहे, ना उपभोक्ता के। बहुत लोग मोबाइल से बुकिंग करे के कोसिस कइल, बाकिर जब बुकिंग ना भइल तs ऊ लोग गैस एजेंसी पहुंच गइल। एजेंसी के स्टाफ लोग पहिले अनजान रहे, बाद में कंपनी से जानकारी मिलल।
का कहत बा संगठन?
ऑल इंडिया एलपीजी डिस्ट्रीब्यूटर्स एसोसिएशन के प्रदेश सचिव आदर्श गुप्ता के मोताबिक, हर उपभोक्ता एक वित्तीय साल में 12 गो सिलिंडर ले सकेला। अब जवन लोग के कोटा पूरा हो गइल बा, ओह लोग खातिर ई नया प्रक्रिया लागू कइल गइल बा।
मोबाइल ऐप से होई बुकिंग
अब BPCL के निरदेस के अनुसार, उपभोक्ता के मोबाइल ऐप डाउनलोड करे के पड़ी आ ओह में पूछल सवालन के जवाब देवे के पड़ी। तबे जाके बुकिंग पूरा होई।
गांव-गरीब उपभोक्तन के बढ़ी दिक्कत
आज के डिजिटल दौर में बहुत लोग स्मार्टफोन इस्तेमाल ना करेला। खासकर गांव आ गरीब तबका के लोगन खातिर ऐप डाउनलोड करे आ सवाल के जवाब दिहल मुश्किल हो सकेला। अइसन हालत में ओह लोग के गैस एजेंसी के चक्कर लगावे के पड़ सकेला।
पूछल जाई एह तरे के सवाल
- परिवार में 6 भा ओकरा से जादे सदस्य बाड़ें?
- का घर में मेहमान आइल बा लोेग?
- शादी, भंडारा भा दोसर कार्यक्रम बा?
- आउर कवनो घरेलू इस्तेमाल खातिर गैस चाहीं?
Read Also: Share Bazar : सेंसेक्स 1556 अंक गिरल, डॉलर के मुकाबले रुपिया 93.90 के पार पहुंचल









