Hormuz : युद्ध के कीमत वसूले के तइयारी में ईरान, जहाजन पs लगाई भारी फीस

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 23, 2026

सेंट्रल डेस्क। पश्चिम एशिया में जारी तनाव अब आउर गहिराह होखत जा रहल बा। एही बीच ईरान एगो बड़ फैसला लेले बा कि होर्मुज स्ट्रेट से गुजरत जहाजन पs भारी शुल्क लगावल जाई। मीडिया रिपोर्ट

Share

Oil tankers passing through Hormuz Strait amid Iran charging transit fees

सेंट्रल डेस्क। पश्चिम एशिया में जारी तनाव अब आउर गहिराह होखत जा रहल बा। एही बीच ईरान एगो बड़ फैसला लेले बा कि होर्मुज स्ट्रेट से गुजरत जहाजन पs भारी शुल्क लगावल जाई। मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक, ई फीस करीब 20 लाख डॉलर (लगभग 18 करोड़ रुपिया) तय कइल गइल बा।

ईरानी मीडिया के अनुसार, संसद के राष्ट्रीय सुरक्षा समिति के सदस्य अलाएद्दीन बोरोजेर्दी बतवले बाड़ें कि ई नियम लागू कs दिहल गइल बा। ऊ कहलें कि होर्मुज से गुजरत जहाजन पs शुल्क लगावल ईरान के संप्रभु ताकत के प्रतीक बा।

‘युद्ध के कीमत होखेला’

बोरोजेर्दी साफ तौर पs कहलें कि युद्ध के कीमत चुकावे के पड़ेला, एह चलते ई डेग उठावल गइल बा। उनका मोताबिक, जहाजन से 20 लाख डॉलर लेवे से ईरान के ताकत आ नियंत्रण के सनेस दुनिया तक पहुंची।

अमेरिका के धमकी के बाद बढ़ल तनाव

ई बयान अमेरिका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के चेतावनी के बाद सामने आइल बा। ट्रंप ईरान के 48 घंटा के भीतर होर्मुज स्ट्रेट खोले के कहले रहलें, ना तs पावर प्लांट पs हमला के धमकी देले रहलें। एही बीच ईरान के राष्ट्रपति कहले रहलें कि होर्मुज दुश्मन देसन के छोड़के बाकी सबका खातिर खुलल बा, बाकिर अब सांसद लोग भारी फीस लगावे के बात कs रहल बा।

दुनिया खातिर काहे जरूरी बा होर्मुज?

होर्मुज स्ट्रेट दुनिया के सबसे महत्वपूर्ण समुद्री रास्ता में से एगो बा। इहां से दुनिया के करीब 20 प्रतिशत तेल आ गैस के सप्लाई गुजरेला। जदि ई रास्ता बंद भइल तs वैश्विक बाजार में तेल के दाम तेजी से बढ़ सकेला।

ई इलाका बहुत संकरा बा आ ईरान के नियंत्रण में बा, जवन से ऊ रणनीतिक बढ़त रखेला। हाल के तनाव के चलते पहिलही से ऊर्जा बाजार में भारी उतार-चढ़ाव देखे के मिल रहल बा।

Read Also: LPG Crisis : गैस बुकिंग पs नया नियम लागू, कोटा से जादे सिलिंडर खातिर देवे के पड़ी कइयन गो जानकारी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.