Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Lok Sabha Elections 2024: मतदान शुरू होते PM मोदी वोटर्स खातीर भेजले खास संदेश,

200

 

 

 

लोकसभा के सातवाँ आ अंतिम चरण के मतदान शनिचर के दिने सबेरे सात बजे से शुरू हो गइल. मतदान शुरू होखते प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एक्स पs पोस्ट क के मतदाता के एगो खास संदेश देले बाड़े। लोकतंत्र के एह महान पर्व में प्रधानमंत्री मोदी मतदाता लोग के साथे उत्साह से भाग लिहले बाड़न. संगही उs विश्वास जतवले बाड़े कि अबकी बेर युवा अवुरी महिला मतदाता रिकॉर्ड संख्या में वोट दिहे। बता दीं कि आज ही पीएम मोदी के संसदीय क्षेत्र वाराणसी में वोटिंग हो रहल बा।

पीएम रिकार्ड संख्या में वोट डाले के अपील करत बाड़न

प्रधानमंत्री मोदी एक्स पs पोस्ट कईले कि, ‘लोकसभा चुनाव के अंतिम चरण में आज मतदान होखे वाला बा।’ एह चरण के सभे मतदाता लोग से निहोरा बा कि लोकतंत्र के एह महान पर्व में उत्साह से भाग लीं. पूरा भरोसा बा कि हमनी के युवा आ महिला मतदाता रिकार्ड संख्या में आपन वोट डाले खातिर आगे अइहें. हमनी के मिलजुल के आपन लोकतंत्र के अउरी जीवंत बनाईं।’ आईं बताईं कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बियफ़ें के सांझ से कन्याकुमारी के मशहूर विवेकानंद रॉक मेमोरियल में 45 घंटा ध्यान में लागल बाड़े।

आजु लोकसभा के 57 सीट पs मतदान हो रहल बा

बता दीं कि लोकसभा चुनाव के 7वां आ आखिरी चरण में आजु केंद्र शासित प्रदेश चंडीगढ़ के 57 सीट आ 7 गो राज्यन पs मतदान हो रहल बा. एह चरण में केंद्र शासित प्रदेश चंडीगढ़, पंजाब, हिमाचल प्रदेश के 4, उत्तर प्रदेश के 13, पश्चिम बंगाल के 9, बिहार के 8, ओडिशा के 6 अवुरी झारखंड के 3 लोकसभा सीट पs मतदान हो रहल बा। ओडिशा के बाकी 42 विधानसभा सीट के चुनाव आ हिमाचल प्रदेश के 6 गो विधानसभा सीट के उपचुनाव भी एके साथे हो रहल बा। एह चरण में करीब 5.24 करोड़ पुरुष, 4.82 करोड़ महिला अवुरी 3,574 ‘तीसरा लिंग’ मतदाता समेत 10.06 करोड़ से जादे नागरिक मतदान के पात्र बाड़े।

 

 

 

 

850710cookie-checkLok Sabha Elections 2024: मतदान शुरू होते PM मोदी वोटर्स खातीर भेजले खास संदेश,

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.