वोटिंग के पॉजिटिव खबर: शादी खातीर तइयार भइल दूल्हा चहुंप गइल मतदान करे
लोकसभा चुनाव 2024 के दुसरका चरण के वोटिंग चल रहल बा। महाराष्ट्र के आठ सीट पs मतदान चलता। एही बीच अमरावती के एगो मतदान केंद्र से एगो सुखद तस्वीर सामने आईल बा। एगो युवक अपना बियाह के दिन वोट देवे खातीर समय निकालले अवुरी मतदान बूथ पs मतदान के बाद सभके वोट देवे खाती भी प्रेरित कईले। उनुका संगे दूल्हा के परिवार के लोग भी मौजूद रहले। वोट डालला के बाद आकाश कहले कि दुनो बात जरूरी बा, लेकिन शाम के वोट देवे के समय ना मिलल, एहसे उs सबेरे आ गईले।
आकाश नाम के एगो दूल्हा महाराष्ट्र के अमरावती लोकसभा सीट पs वड़ापुरा में मतदान के बाद कहले कि, “बियाह के रस्म जरूरी बा, लेकिन मतदान भी जरूरी बा। आज दुपहर 2 बजे बियाह होखे वाला बा।” एही कारण से आकाश बियाह के रस्म से पहिले वोट देवे के फैसला कईले।
#WATCH महाराष्ट्र: शादी के दिन एक दूल्हा अमरावती स्थित मतदान केंद्र पर मतदान करने पहुंचा। pic.twitter.com/gKc7rCFXkK
— ANI_HindiNews (@AHindinews) April 26, 2024
94 साल के दादी भी वोट देली
हिंसाग्रस्त पूर्वोत्तर राज्य मणिपुर में भी 94 साल के दादी वोट देवे आईल रहली। चुनाव आयोग 85 साल से ऊपर के लोग के घर में मतदान के सुविधा देले बा, लेकिन मणिपुर में भईल हिंसा के चलते हजारों परिवार प्रभावित भईल बाड़े अवुरी सरकार के ओर से चलावल गईल अस्थायी शिविर में भारी संख्या में लोग रहतारे। अयीसना में घर में मतदान के सुविधा दिहल संभव ना रहे।19 अप्रैल के पहिला चरण के मतदान के दौरान मणिपुर में हिंसा भईल। 11 गो मतदान केन्द्रन में फेर से मतदान करावे के पड़ल।
#WATCH | A 94-year-old woman arrives to cast vote in Ukhrul Outer Manipur.
Voting for 13 Assembly segments under Outer Manipur seat will be held in the second phase today. #LokSabhaElections2024 pic.twitter.com/QrPuk8Kk4r
— ANI (@ANI) April 26, 2024
दूसरे चरण में 88 सीटन पs मतदान
लोकसभा चुनाव के दुसरका चरण में कुल 88 सीट पs मतदान हो रहल बा। एकरा से पहिले 13 राज्य के 89 सीट पs मतदान होखे के रहे, बाकिर मध्य प्रदेश के बैतूल में बहुजन समाज पार्टी के उम्मीदवार के मउत के चलते इहाँ तीसरा चरण में मतदान होई। महाराष्ट्र में 48 गो लोकसभा सीट बाड़ी सँ आ एहमें से आठ गो सीट पs दुसरका चरण में मतदान चलत बा। इहाँ बुलढाना, अकोला, अमरावती, वर्धा, यवतमाल-वसीम, हिंगोली अवुरी परभनी सीट पs मतदान हो रहल बा।
Comments are closed.