लोक राग के आयोजन 21 मई के, प्रतियोगिता में सामिल होई लो नवहा प्रतिभागी

Share

 

गोरखपुर: पुरवाई कला गोरखपुर के तरफ से अतवार 21 मई के “लोक राग” पारंपरिक लोक गीतन के प्रतियोगिता दिग्विजय नाथ पी. जी. कालेज सिविल लाइन्स, गोरखपुर में आयोजित होई। एह प्रतियोगिता के खासियत ई बा कि एहमे खाली नवहा प्रतिभागी सामिल होई लो।

 

कार्यक्रम के संयोजक हृदया त्रिपाठी बतवली कि कार्यक्रम के उद्घाटन दिन के 11 बजे से होई आ प्रतियोगिता के सुरुआत 11:30 बजे से होई। पुरस्कार वितरण 1 बजे दुपहरिया में होई। बता दीं कि एह प्रतियोगिता में भाग लेवे खातिर एही दिन सबेरे 9 बजे से रजिस्ट्रेशन करावल जा सकत बा।

प्रतियोगिता में भाग लेवे खातिर अधिकतम उमिर 25 साल रहला के संगे-संगे प्रतियोगी के ई सुनिश्चित करे के होई कि ओकर प्रस्तुति पारंपरिक लोग गीत के अंतर्गत होखे के चाहीं।

पुरवाई कला गोरखपुर के संस्थापक स्मृतिशेष डॉ० राजीव केतन जी रहनी। लोक राग कार्यक्रम के आयोजन संस्था के मंत्री प्रेमनाथ, संयोजक हृदया त्रिपाठी आ सचिव ममता केतन जी के देख रेख में हो रहल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-