लिरिक्स अकादमी ऑफ म्यूजिक के तत्वावधान में आयोजित कार्यक्रम लैंप्स फिएस्टा भइल संपन्न

लिरिक्स अकादमी ऑफ म्यूजिक के तत्वावधान में आयोजित कार्यक्रम

Share

लिरिक्स अकादमी ऑफ म्यूजिक के तत्वावधान में आयोजित कार्यक्रम लैंप्स फिएस्टा नाव के वार्षिक कार्यक्रम के आयोजन 28 फरवरी के कइल गइल जेमें करीब 24 प्रतिभागी जेकर ऑडिशन के माध्यम से चयन कइल गइल रहे . उs आपन प्रतिभा के प्रदर्शन कइले.
एह कार्यक्रम के मुख्य अतिथि डॉ मंगलेश श्रीवास्तव,पूर्व मेयर सत्या पाण्डेय,पुष्पदंत जैन, चारू चौधरी,महामंडलेश्वर ,कुमार आनंद डी जी एम (एसबीआई) आ नंदू मिश्रा रहले.

संगीत आ नृत्य हमनी के ईश्वर से एकाकार करावेला: मुख्य अतिथि

लिरिक्स अकादमी ऑफ म्यूजिक के तत्वावधान में आयोजित कार्यक्रम लैंप्स फिएस्टा में आपन संबोधन में मुख्य अतिथि महापौर डॉ मंगलेश श्रीवास्तव कहले की “संगीत आ नृत्य हमनी के ईश्वर से एकाकार करावेला। इs मनुष्य के श्रेष्ठतम अभिव्यक्तियन में से एगो हs।” कार्यक्रम के अतिथि महिला आयोग के उपाध्यक्ष चारू चौधरी कहली कि “एके मंच पs एतना कलाकार आ विधा के देखल सच में रोमांचित करे वाला बा।” कार्यक्रम में अतिथि ज्योतिर्विद नरेंद्र , पूर्व महापौर सत्या पाण्डेय कार्यक्रम के सराहना कइले लोग आ प्रतिभागीयन के उत्साह बढ़वलें लोग।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

एह अवसर पs वरिष्ठ भाजपा नेता पुष्पदंत जैन जी, डी जी एम स्टेट बैंक कुमार आनंद , यशवंत सिंह (बौद्ध संग्रहालय), रविशंकर खरे, मोबाइल बाबा शैलेश त्रिपाठी, दिव्येंदु नाथ ,विजय कुमार श्रीवास्तव , नवीन श्रीवास्तव ,अचिंत्य लाहिरी ,प्रदीप त्रिपाठी, शैवाल शंकर, रूपेश श्रीवास्तव आ श्रीमती सावित्री दास जी आपन-आपन विचार व्यक्त कइले । एह कार्यक्रम में बड़ संख्या में संगीत आ कला प्रेमी उपस्थित रहले।

संस्था के निदेशिका कल्पना श्रीवास्तवा कहली कि “संस्था की स्थापना 2012 में कइल गईल रहे आ इs कार्यक्रम संस्था के संस्थापक स्वर्गीय रवि श्रीवास्तव के स्मृति में कइल जाला।” कार्यक्रम के मुख्य आकर्षण संस्था के गायकन द्वारा प्रस्तुत रेट्रो सॉन्ग रहल। कार्यक्रम के संचालन नवीन पाण्डेय कइलन. एह कार्यक्रम में संस्थान के छात्रन के अलावा गोरखपुर के अउरी लइकन के भी ऑडिशन के माध्यम से चयन कइल गइल। एह प्रतियोगिता के फाइनल विजेता प्रतिभागी गायन में प्रथम अंकिता राय , द्वितीय पूजा गुप्ता, तृतीय प्रिंस । नृत्य में प्रथम मिष्टी मिश्रा , द्वितीय यास्वी मिश्रा , तृतीय समृद्धि मिश्रा। वाद्य यंत्र में प्रथम आयुश, द्वितीय पृथु और तृतीय स्थान पs रहले। कार्यक्रम में नवीन अग्रवाल , विवेक श्रीवास्तव , निखिल पांडेय, धीरज सिंह, मिश्रा बंधु सहित कई गो कला प्रेमी लोग मौजूद रहे।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

लिरिक्स एकेडमी ऑफ म्यूजिक संस्था का हs

लिरिक्स एकेडमी ऑफ म्यूजिक अइसन संस्था हs जेकरा में कला से जुड़ल कई विधा पs शिक्षा दिहल जाला. इs प्रयाग संगीत समिति से संबंधित एगो संस्था हs. एह संस्था में कला के कई विधा जइसे गायन ,नृत्य ,वाद्य से जुड़ल लइका-लइकी के प्रशिक्षण दिहल जाला। प्रशिक्षण के साथे इs संस्था मंच प्रदान करेला जेमे उs आपन प्रतिभा के प्रदर्शन कs सके। इs संस्था संकट मोचा हनुमान मंदिर के लगे तारामंडल में बा.

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ 70 के दशक के सुपर हिट हीरो जेकरा के ओवर कॉन्फिडेन्स कs दिहलस करियर बर्बाद

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-