देश के इs कंपनी देई पीरियड्स लीव,कहां-कहां बा छुट्टी, देखी पूरा लिस्ट

Share

अधिकांश महिला के हर महीना पीरियड्स के दौरान समस्या के सामना करे के पड़ेला। पहिला दिन कठिनाई से भरल होला। पेट में दर्द अवुरी बेचैनी एतना कि उठल चाहे बईठल मुश्किल हो जाला। बाकिर लागत बा कि काम करे वाली मेहरारू लोग के पीड़ा भोगे के आदत पड़ गइल बा. काहे कि हर महीना छुट्टी लिहल संभव नइखे. बाकिर बहुत कंपनी बाड़ी सs, जवन अपना महिला कर्मचारी के कठिन दिन के ध्यान राखत, एक महीना में एक-दु दिन के मासिक धर्म के छुट्टी दे देली, ताकि उs लोग घर में आराम कs सके। अंतर्राष्ट्रीय महिला दिवस से पहिले भारतीय मल्टीनेशनल कंपनी लार्सन एंड टूब्रो (L&T) भी अयीसने बड़ कदम उठवलस। कंपनी के 5 हजार महिला कर्मचारी के एकर फायदा होखे वाला बा।

एल एंड टी के बड़ फैसला, पीरियड छुट्टी दिही

  एल एंड टी तय कइले बिया कि ओकर महिला कर्मचारी एक महीना में एक दिन खातिर पीरियड्स लीव भा मासिक धर्म के छुट्टी ले सकेली सँ. अंतर्राष्ट्रीय महिला दिवस के मौका पs आयोजित एगो कार्यक्रम में कंपनी के अध्यक्ष अवुरी प्रबंध निदेशक एसएन सुब्रमण्यम एकर घोषणा कईले। उहाँ काम करे वाली महिला लोग खातिर इs एगो बड़ उपहार से कम नईखे। अब एह बात पर काम चल रहल बा कि एह नीति के कइसे लागू कइल जाई. 

एही बीच इs जानल जरूरी बा कि भारत में अवुरी बहुत कंपनी बाड़ी जवन कि अपना महिला कर्मचारी के पीरियड लीव के सुविधा देवेली। एहमें स्विगी आ जोमेटो भी शामिल बा. ज़ोमेटो 2020 से अपना महिला कर्मचारी के मासिक धर्म के छुट्टी दे रहल बा। देश के कुछ अइसने कंपनी के बारे में जानीं जवन अपना महिला कर्मचारियन के पीरियड लीव के सुविधा दे रहल बाड़ी सँ. 

भारत में कवन-कवन कंपनी देला पीरियड लीव

*ऑनलाइन फूड डिलीवरी कंपनी zomato साल 2020 से महिला कर्मचारियन के मासिक धर्म अवकाश देत आ रहल बा.

*ऑनलाइन फ़ूड डिलीवरी कंपनी swiggy साल 2021 में महिला लो खातीर दु दिन के पीरियड्स लीव के शुरुआत कइले रहे.

*बायजू (BYJU’S) साल 2021 में हर महीना एगो मासिक धर्म अवकाश देवे के शुरुआत कइले रहे.

*एयू स्मॉल फाइनेंस बैंक साल 2023 में पीरियड्स लीव पॉलिसी लागू कइलस. एकरी तहत महिला कर्मचारियन के एक दिन के लीव मिलेला.

*सीके बिड़ला ग्रुप के यूनिट ओरिएंट इलेक्ट्रिक ने पीरियड्स लीव के पॉलिसी दिसंबर 2022 में लागू कइले रहे.

भारत के कवन-कवन राज्य में पीरियड लीव दिहल जाला?

“इs नीति बिहार में साल 1992 में बनल रहे, जवना के तहत महिला कर्मचारी के दु दिन के पीरियड लीव मिलेला।

*केरल में साल 2023 में इs नीति शुरू भईल रहे, जवना के तहत सभ विश्वविद्यालय अवुरी संस्थान में बालिका छात्रा के पीरियड लीव दिहल जाला।

*इ नीति सिक्किम में साल 2024 में शुरू भईल रहे, इहाँ सरकारी महिला कर्मचारी खातीर पीरियड लीव के प्रावधान बा। 

*ओडिशा अगस्त 2024 में सरकारी अवुरी निजी दुनो क्षेत्र में काम करेवाली महिला के एक दिन के अवधि के छुट्टी देवे के नीति लागू कईले रहे।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ बेहद खूबसूरत आ शालीन एक्ट्रेस ‘वहीदा रहमान’ के Lucky charms रहले ‘गुरु दत्त’

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-