Kushinagar Road Accident : कुशीनगर में हाईवे पs ट्रक-कार भिड़ंत, तीन जुवकन के मौत, चार गंभीर घायल

Share

कुशीनगर। जनपद कुशीनगर में हाईवे पs ट्रक आ कार के जोरदार टक्कर में कार सवार तीन जुवकन के मौत हो गइल, जबकि चार आउर जुवक गंभीर रूप से घायल हो गइल लोग। हादसा के बाद इलाका में अफरा-तफरी मच गइल। सूचना मिलतही पुलिस मवका पs पहुंचल आ सब घायलन के सीएचसी हाटा पहुंचवावल, जहां प्राथमिक इलाज के बाद हालत गंभीर देखत चारो घायलन के बीआरडी मेडिकल कॉलेज, गोरखपुर रेफर कs दिहल गइल।

जानकारी के माेताबिक, कार में सवार सातो जुवक हाटा नगरपालिका के वार्ड नंबर चार के अहिरौली तुलादास गांव के रहे वाला रहे लोग। ई लोग पार्टी कइला के बाद कार से वापस हाटा लवटत रहे। जब कार हाटा कोतवाली से करीब एक किलोमीटर पूरब हाईवे पs इस्थित एगो मैरेज हॉल के सामने पहुंचल, तs सामने से आवत तेज रफ्तार ट्रक कार में जोरदार टक्कर मार देलस। टक्कर एतना जबरदस्त रहे कि कार बुरा तरे क्षतिग्रस्त हो गइल।

हादसा में कार सवार हरी (23 बरिस) पुत्र पुरुषोत्तम, निवासी अहिरौली तुलादास, नितीश (20 बरिस) पुत्र कृष्ण मुरारी, निवासी पिपरा कपूर आ अमन (26 बरिस) पुत्र श्रवण वर्मा, निवासी अहिरौली तुलादास के मवका पs मौत हो गइल। तीनो जुवकन के मौत से परिवार में कोहराम मच गइल।

एह हादसा में सूरज वर्मा (22 बरिस), शैलेश वर्मा (18 बरिस) निवासी हाटा खास, मुकेश वर्मा (19 बरिस) आ विकास वर्मा (26 बरिस) निवासी अहिरौली तुलादास गंभीर रूप से घायल हो गइलें। स्थानीय लोगन आ पुलिस के मदद से सब घायलन के फौरन सीएचसी हाटा पहुंचावल गइल। हालत नाजुक होखला पs डॉक्टर लोग चारो घायलन के बेहतर इलाज खातिर बीआरडी मेडिकल कॉलेज, गोरखपुर रेफर कs दिहल लोग।

पुलिस ममिला दर्ज कs के ट्रक चालक के तलाश में जुट गइल बिया। हादसा के बाद कुछ देर खातिर हाइवे पर आवागमन भी बाधित रहल, बाद में पुलिस ने यातायात सुचारू करावल। घटना से पूरे इलाके में शोक के माहौल बा आ मृतकन के घर पर रो-रो के बुरा हाल बा।

Read Also: UP Board Admit Card 2026 : बोर्ड परीक्षा खातिर प्रवेश पत्र बहुत जल्दी होई जारी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-