कथा वाचक पंडित प्रदीप मिश्रा के सीहोर जिला स्थित कुबेरेश्वर धाम में शिव महापुराण कथा और रुद्राक्ष वितरण महोत्सव शुरू हो गईल बा । रुद्राक्ष वितरण कार्यक्रम में करीब दस लाख श्रद्धालुअन बहुते भारी भीड़ उमड़ल बा । एकरा चलते इंदौर-भोपाल हाईवे पs जाम लागल बा । करीब बीस किलोमीटर लमहर जाम लाग गईल बा । भीड़ के वजे से भगदड़ जईसन हालात बनल बा । कई लोग चक्कर खाई के गिरले । पुलिस प्रशासन गाइडलाइन के पालन करे के निर्देश देले बा । दस गो से बेसी महिला लोग गुम बतावल जा रहल बाड़ी ।
पंडित प्रदीप मिश्रा के कुबेरेश्वर धाम में बियफे के रुद्राक्ष वितरण महोत्सव शुरू हो गईल। शिव महापुराण कथो शुरू हो गईल बा । बड़हन संख्या में श्रद्धालुअन के पहुंचला से भोपाल-इंदौर हाईवे पs बीस किलोमीटर लंबा जाम लागल बा । कुबेरेश्वर धाम से चौपाल सागर तक भोपाल के ओर लंबा जाम बा । अतना लंबा जाम लगला के बादो श्रद्धालुअन के आवे के सिलसिला जारी बा । भोपाल आ इंदौर दुनो तरफ से लोग लगातार कुबेरेश्वर धाम पहुंच रहल बाड़े। आजू एहिजा मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान भी आ सकत बाड़ें। 18 फरवरी के पूर्व मुख्यमंत्री कमलनाथ के भी एहिजा आवे वाला बाड़े ।
रुद्राक्ष लेबे खातिर दू किमी लमहर कतार
रुद्राक्ष बाँटे खातिर चालीस गो काउंटर बनावल गईल बा । भीड़ के धेयान में राखत एक दिन पहिले माने बुधवार से ही रुद्राक्ष बांटे के काम शुरू हो गईल रहे । पहिला दिन करीब डेढ़ लाख रुद्राक्ष बांटल गइल। आ अब तक पांच लाख से बेसी श्रद्धालुअन के रुद्राक्ष बांटल गइल बा । बियफे के रुद्राक्ष खातिर दू-दू किमी लमहर कतार लागल बा । दू लाख से बेसी लोग तs खाली कतार में ही लागल बाड़ें अइसन अनुमान लगावल जा रहल बा । भीड़ के रोके खातिर बांस आ बल्लियन से बैरिकेड लागल रहे , जवन भीड़ के रोके में अभी तक एकदम फेल भईल बा ।
कुबेरेश्वर धाम में श्रद्धालुअन जुटल भारी भीड़
एक दिन पहिलहीं आ गइल रहल दु लाख लोग
कार्यक्रम से एक दिन पहिलही बुधवार के एहिजा दुई लाख से बेसी लोग पहुंच गईल रहे । श्रद्धालुअन के एह तरे बढ़तs भीड़ के देखत आयोजन स्थल पs एक दिन पहिलही श्रद्धालुअन के बीचे रुद्राक्ष बांटल शुरू कई दिहल गईल रहे । बियफे के करीब आठ लाख से बेसी लोग एहिजा पहुंच चुकल बाड़ें।
मोबाइल नेटवर्क भी भईल ध्वस्त
श्रद्धालुअन बढ़तs भीड़ के वजह से पुलिस-प्रशासन के व्यवस्था बनावे में परेशानियन के सामना करे के पड़ रहल बा | कुबेरेश्वर धाम पs आईल श्रद्धालुअन के सबसे बेसी परेशानी के सामना मोबाइल नेटवर्क ध्वस्त होखला के वजह से आ रहल बा। श्रद्धालु परिजन से बिछड़ रहल बाड़ें ।
10-10 घंटा घाम में ठाड़ रहला से आईल चक्कर
भीड़ के देखत प्रशासन के इंतजाम भी गड़बड़ा गईल बा । श्रद्धालुअन खातिर छाहां के इंतजाम नइखे भईल । 10-10 घंटा घाम में ठाड़ रहला के चलते लोग चक्कर खाई के बेहोश हो रहल बाड़ें । दू हजार लोगन के प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र सहित जिला अस्पताल इलाज खातिर भेजल गईल बा ।
खास बा पंडित प्रदीप मिश्रा के रुद्राक्ष
पंडित प्रदीप मिश्रा अपना हरेक कथा में रुद्राक्ष के महिमा के बखान करत रहेले । उनका अनुसार ई रुद्राक्ष पानी में डाले के बा आ ओह पानी के पी जाए के बा | एह से ओह आदमी के जिनगी से जुरल कवनो तरे के समस्या दूर हो जाई अतने ना नक्षत्र खराब होखे तs उहो ठीक हो जाला। बेमारी-हेमारी समेत मय संकट दूर हो जाला ।