Special story : ईंहों के जानी , ईंहों के पहचानी: गायक ‘धनंजय आजाद’

Share

 

खबर भोजपुरी रउरा सभे के सोझा एगो सेगमेंट लेके आइल बा….एह कड़ी में आजू आईं जानल जाव गायकी के क्षेत्र में बेहतरीन काम कs रहsल ‘धनंजय आजाद’ के बारे में…

धनंजय आजाद के जनम 1983 में रामगढ़ के घुटुआ में 15 अगस्त के भइल। इनकर बाबूजी के नाव श्री राजेन्द्र प्रसाद, माई के स्वर्गीय उर्मिला देवी हs। इनकर बाबूजी के पोस्टिंग रजरप्पा प्रोजेक्ट सीसीएल में रहे,एह से उनकर स्कूली पढ़ाई- लिखाई डीएवी रजरप्पा से भईल 1999 से गायन शुरू कइले। रांची यूनिवर्सिटी से ग्रेजुएशन 2004 में कइला के बाद भारतखंडे संगीत संस्थान लखनऊ से गायन में डिप्लोमा कइले, प्रयाग संगीत समिति इलाहाबाद से प्रभाकर के डिग्री हासिल कइले। वर्तमान में आजाद यूट्यूब चैनल खातिर गा रहल बान आ प्राइवेट शो कs रहल बाने।

आजाद गायकी के क्षेत्र में बेहतरीन काम कs रहल   बाड़े

2003 में रांची में ‘मेरी आवाज़ सुनो’ प्रतियोगिता जीतले। 2006 में लखनऊ के युवा महोत्सव आ 2007 में नैनीताल में भाग लिहले आ दिल्ली पहुंच के आगे क्वालीफाइ नाहीं कs पवले फेरू 2007 में सारेगामा में चयन भइल, मुंबई में विजुअल राउंड में नाहीं आ पवले। ओकरा बाद से आजाद के संगीत के सफर जोड़ पकड़ल। प्राइवेट काम करल सुरू कइले अपने संगीत निर्देशन में उदित नारायण, कल्पना, विनोद राठौर, जावेद अली .. जइसन बड़ सिंगरन के गवइले, एकरा साथे संस्कार चैनल में 4 साल भजनो गइले आ क्षेत्रीय फिलिमन में भी गवले बाड़े ।

फिल्म गंगा देवी के हिंदी संस्करण में अमिताभ बच्चन जी के साथे तीन गाना युगल बा जवन अबले रिलीज ना भइल बा।एह घरी आजाद प्राइवेट शो कर रहल बाड़े ।

 

यायावरी वाया भोजपुरी पs भक्ति गीत “हे भोले भंडारी” रिलीज भइल रहे । जवन कि यू ट्यूब पs बहुते पसंद कइल गइल। एह गीत में आपन बेहतरीन गायकी से सबके मन मोह लिहले।

धनंजय आजाद भोजपुरी गायिकी के क्षेत्र में भवीस बाड़े , अपना एह कला से उ भोजपुरिया लोगन में एगो आस जगवले बाड़न।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-