Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

के हs कियर स्टारमर? ऋषि सुनक के हटाके बनिहें ब्रिटेन के नया प्रधानमंत्री

103

 

 

 

यूनाइटेड किंगडम भा इंग्लैंड में होखे वाला आम चुनाव के नतीजा आजु खुलल रही. पीएम ऋषि सुनक समय से पहिले चुनाव करावे के एलान कइले रहले. हालांकि अब उनुकर एह कदम के उल्टा असर पड़त लउकत बा. चुनाव के नतीजा में सुनक के कंजरवेटिव पार्टी बहुते पिछड़ल बिया जबकि विपक्षी लेबर पार्टी भारी बहुमत के ओर बढ़त लउकत बा. अयीसना में मानल जाता कि लेबर पार्टी के नेतृत्व करेवाला केयर स्टारमर सुनक के हटा के ब्रिटेन के नयका प्रधानमंत्री बन सकतारे। स्टारमर के बारे में कुछ खास बात बतावल जाव.

कियर स्टारमर के हवें?

कियर स्टारमर 61 साल के लेबर पार्टी के नेता हवे। इनके जनम 2 सितंबर 1962 के सरे के ऑक्सटेड में एगो मजदूर परिवार में भइल।उनकर माई एगो नर्स रहली जे गठिया से पीड़ित रहली। स्टारमर के पिता पहिले औजार बनावे के काम करत रहले। स्टारमर रीगेट ग्रामर स्कूल में पढ़ाई कइले रहले. उs अपना परिवार से पहिला व्यक्ति रहले जे विश्वविद्यालय गईले।

राजनीति में आवे से पहिले वकालत

राजनीति में आवे से पहिले कियर स्टारमर वकील के काम करत रहले। ऊ ब्रिटेन के एगो जानल मानल मानवाधिकार वकील रहले. ऊ लीड्स विश्वविद्यालय में कानून के पढ़ाई कइलें। जानकारी के मुताबिक, कियर स्टारमर साल 1987 में बैरिस्टर के रूप में आपन कैरियर शुरू कईले रहले।

स्टारमर के वादा का बा?

वकील रहल केयर स्टारमर साल 2015 में संसद में दाखिला लिहलें आ 2020 में लेबर पार्टी के नेतृत्व सम्हरलें। उनुका नेतृत्व में ही लेबर पार्टी सत्ता हासिल करे में सफल रहल बिया। 14 साल बाद ब्रिटेन में लेबर पार्टी फेर से सत्ता में आ जाई. स्टारमर राजकोषीय जिम्मेदारी के कायम राखत सार्वजनिक सेवा के बहाल करे के वकालत कइले बाड़न.

एह घरी यूरोप में बहुते उथल-पुथल चलत बा. हालांकि मानल जाता कि रूस-यूक्रेन युद्ध के लेके नयकी ब्रिटिश सरकार के नीति में कवनो खास बदलाव ना होई।  स्टारमर रूस के खिलाफ यूक्रेन के सहायता जारी राखे के बात कइले बाड़न. एकरा संगे उs गाजा में युद्धविराम के आह्वान कईले बाड़े। उs हमास के ओर से राखल इजरायली बंधक के भी रिहा करे के मांग कईले बाड़े।

 

 

883220cookie-checkके हs कियर स्टारमर? ऋषि सुनक के हटाके बनिहें ब्रिटेन के नया प्रधानमंत्री

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.