Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

काइनेटिक लूना 50 साल बाद कs रहल बा वापसी, एह बेर इलेक्ट्रिक अवतार में, प्रोडक्शन भइल चालू

1,078
Google Ads 300*250 for posts

लूना के नाम रउआ जरूर सुनले होखब। भारत में टू-व्हीलर मोबिलिटी के क्षेत्र में क्रांति लावे वाली मोपेड Kinetic Luna (काइनेटिक लूना) के भला के भूल सकsता। 50 साल पहिले भारतीय दोपहिया वाहन बाजार में एकर बोलबाला रहल। एकर जिक्र एहलिए कइल जा रहल बा काहेसेकि कि ई टू-व्हीलर भारत में एक बेर फिर से वापसी खातिर हर तरीका से तैयार बा, लेकिन एह बार इलेक्ट्रिक अवतार में आ रहल बा।

शुरू भइल उत्पादन

एह बेर Kinetic Luna में एक ऑल-इलेक्ट्रिक पावरट्रेन दिहल जा रहल बा। Kinetic Engineering Ltd. (KEL), काइनेटिक इंजीनियरिंग लिमिटेड (केईएल) एलान कइलस कि ऊ काइनेटिक लूना इलेक्ट्रिक के चेसिस अउर अन्य असेंबलियन के उत्पादन पहिलही शुरू कs दिहले बा। कंपनी कहलस कि शून्य-उत्सर्जन दोपहिया गाड़ी जल्दिए लॉन्च कइल जाई। कंपनी एगो नियामक फाइलिंग में दावा कइले बा कि काइनेटिक ग्रीन एनर्जी एंड पावर सॉल्यूशंस एह ईवी के बिक्री करी।

हर महीने एतना यूनिट्स के होई निर्माण

केईएल मुख्य चेसिस, मुख्य स्टैंड, साइड स्टैंड अउर स्विंग आर्म सहित इलेक्ट्रिक लूना खातिर सब प्रमुख उपसमूह के विकसित करे के दावा कइले बा। इलेक्ट्रिक मोपेड के निर्माण महाराष्ट्र के अहमदनगर में एक डेडिकेटेड प्रॉडक्शन लाइन में कइल जाई। कंपनी के इहो दावा बा कि प्रॉडक्शन लाइन में शुरुआत में हर महीने 5,000 यूनिट्स के निर्माण क्षमता होई।

हर दिन बिकात रहे 2000 से जियादा यूनिट्स

करीब 50 साल पहिले यानी साल 1972 में Kinetic Luna के पहिला बेर भारतीय बाजार में पेश कइल गइल। लूना के लोकप्रियता के अंदाजा एह बेर से लगावल जा सकsता, जइसन कि ऑटो कंपनी दावा कइलस, कि एगो समय अइसन रहे जब इंटरनल कंब्शन इंजन से चले वाली लूना के हर दिन 2,000 से ज्यादा यूनिट्स के बिक्री होत रहे। भारतीय बाजार में एह मोपेड के जब पेश कइल गइल, ओ वक्त एकरे प्रचार-प्रसार खातिर कंपनी एगो जिंगल के इस्तेमाल करत रहे, “चल मेरी लूना”, जौन कि नगदे मशहूर भइल रहे।

कंपनी के बा बहुते उम्मीद

केईएल के प्रबंध निदेशक अजिंक्य फिरोदिया के मानल बा कि इलेक्ट्रिक लूना अपने आईसीई-पावर्ड वर्जन के तरह बहुत निम्मन प्रदर्शन करी। ऊ कहनें, “हम उम्मीद करतानीं कि ई-लूना के मात्रा में बढ़ोतरी के संगे अगिले दू-तीन बरिस में ई कारोबार सालाना 30 करोड़ रुपया से जेयादा जुड़ जाई। एहसे केईएल के ईवी सेगमेंट में आपन मौजूदगी बढ़ावे में भी मदद मिली।”

हर सेगमेंट में करी वापसी

केईएल अपने रेगुलेटरी फाइलिंग में आगे कहल गइल बा कि भारत में बढ़त इलेक्ट्रिक वाहन बाजार अउर भार ढोए वाले वाहन के ओर प्राथमिकता के संगे, ई-लूना के लक्ष्य अपने पेशकश के संगे सब सेगमेंट के जरूरत पूरा करे के बा। लॉन्च होखले पर, ई-लूना निचले स्तर के बाजार में कम्यूटर सेगमेंट अउर लोड कैरियर श्रेणी के एक ऑल-इलेक्ट्रिक लास्ट-माइल मोबिलिटी के रूप में उतारी। हालांकि, केईएल आवे वाली ई-लूना के कीमत, बैटरी पैक अउर स्पेसिफिकेशन के बारे में कौनो जानकारी नइखे देहले। सथही, ऑटो कंपनी ईवी के संभावित लॉन्च टाइमलाइन के बारे में कुछ नइखे बतावल गइल।

422470cookie-checkकाइनेटिक लूना 50 साल बाद कs रहल बा वापसी, एह बेर इलेक्ट्रिक अवतार में, प्रोडक्शन भइल चालू

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.