Bihar News: अश्लीलता के बात करे वालन के खिलाफ ‘लाल’ भइले खेसारी लाल, कहले- आपके इहां हनुमान चालीसा बाजेला का ?

Minee Upadhyay

 

आजकल बिहार में भोजपुरी अश्लीलता के लेके विवाद जोरदार बा। गायकन के तरफ से आरोप-प्रत्यारोप के दौर भी चलत बा. हालही में भोजपुरी स्टार पवन सिंह मुख्यमंत्री नीतीश कुमार से कहले रहले कि भोजपुरी गीत संगीत के माध्यम से बढ़त जातिवाद पs लगाम लगावल जाव। अब एक बेर फेरु खेसारीलाल यादव अश्लीलता के बात करेवाला लोग पs हमला कईले बाड़े।

हाल ही में छपरा के डोरीगंज के सिंगही में स्टेज शो के दौरान खेसारी लाल यादव मंच पs एगो सवाल उठवले कि का अश्लीलता के विरोध करेवाला लोग के घरे शादी में हनुमान चालीसा बजावल जाला का? डोरीगंज के खेसारी लाल यादव के ई वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा। जब खेसारी लाल यादव मंच से अश्लीलता के लेके अईसन बोलले तs लोग ताली बजावत देखाई देले।

जातिवाद में विश्वास ना करीं : खेसारी लाल

दर्शकन के संबोधित करत खेसारीलाल यादव कहले कि उनुका पs लगातार जातिवाद के आरोप लागल बा, लेकिन उs एकरा पs विश्वास नईखन करत। उ कहले कि कलाकार के कवनो जाति ना होखेला। राजपूत ब्राह्मण हमरा सबसे नजदीक बाड़े। आजाद सिंह हमार राइटर हउवें. बुलबुल मिश्रा हमार बढ़िया दोस्त हउवें।

खेसारी लाल यादव जवन नाम मंच से बतवले ओकरा बारे में उ कहले कि इs लोग हमरा से अलग जाति के हवे लेकिन एs लोग से उनुकर भाई के संबंध बा। भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री में लोग टीआरपी बटोरे खातिर एह तरह के विवाद पैदा करेला जवन कि बिल्कुल ठीक नइखे।

 

 

 

 

 

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।