Karnataka : महिला भाजपा कार्यकर्ता से पुलिस झड़प, हिरासत में कपड़ा फाड़े के आरोप

BJP woman worker surrounded by police during clash in Hubli Karnataka

Share

सेंट्रल डेस्क। कर्नाटक के हुबली शहर में मंगर के बड़ बवाल मच गइल, जब भाजपा के एगो महिला कार्यकर्ता के संगे पुलिस हिरासत में कथित बदसलूकी के ममिला सामने आइल। आरोप बा कि प्रदर्शन के दौरान पुलिस जब महिला के हिरासत में लेत रहे, तब हाथापाई भइल आ ओह दौरान ओकर कपड़ा फाड़ दिहल गइल।

एह घटना के एगो वीडियो सोशल मीडिया पs तेजी से वायरल हो रहल बा। वीडियो में लउकत बा कि महिला कार्यकर्ता एगो बस के अंदर बाड़ी आ चारो ओर से पुरुष आ महिला पुलिसकर्मी घेरले बा लोग। वीडियो में महिला आपत्ति जतावत आ विरोध करत नजर आवत बाड़ी। एही बीच कथित तौर पs ओकरा संगे धक्का-मुक्की कइल गइल।

गिरफ्तारी काहे भइल?

सुरुआती जानकारी के मोताबिक, कांग्रेस पार्षद सुवर्णा कल्लाकुंटला के शिकायत पs महिला कार्यकर्ता के हिरासत में लिहल गइल। ई शिकायत राज्य में चल रहल मतदाता सूची पुनरीक्षण अभियान से जुड़ल बा। आरोप बा कि महिला अधिकारी लोगन के संगे मिलके कुछ मतदाता लोग के नाम सूची से हटावे में मदद कइली। हालांकि, महिला ई सब आरोप के पूरी तरे खारिज कइले बाड़ी।

कर्नाटक में महिला सुरक्षा पs उठल सवाल

भाजपा के राष्ट्रीय प्रवक्ता शहजाद पूनावाला एह ममिला पs ट्वीट कs के कर्नाटक में महिला सुरक्षा पs गंभीर सवाल उठवलें। ऊ कहलें कि जदि कवनो महिला के मर्यादा भंग होखे, कपड़ा फाड़ल जावs आ पुलिस एह तरे से मारपीट करे, तs ई साफ देखावत बा कि कांग्रेस शासन में महिला सुरक्षा के हालत का बा। ऊ तंज कसत पूछलें, “का ईहे बा ‘लड़की हूं, लड़ सकती हूं’?” राजनीतिक असहमति के ई अधिकार बा कि भाजपा के महिला कार्यकर्ता से अइसन बेवहार कइल जावs?

कांग्रेस आ भाजपा कार्यकर्ता में टकराव

बतावल जा रहल बा कि ई महिला पहिले कांग्रेस से जुड़ल रहली आ हाले में भाजपा में सामिल भइली। एह बात के लेके कांग्रेस आ भाजपा कार्यकर्ता लोग के बीच पहिलही से तनातनी चलत रहे, जवन मंगर के खुलल टकराव में बदल गइल। अभी तक पुलिस प्रशासन के तरफ से कवनो आधिकारिक बयान नइखे आइल। हालांकि, हिरासत में महिला से कथित दुर्व्यवहार के ममिला में निष्पक्ष जांच के मांग तेज हो गइल बा।

Read Also: Apple के सबसे सस्ता iPhone 17e कब होई लॉन्च? जानीं फीचर आ कीमत

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-