Chhattisgarh Naxal Surrender : सुकमा में 26 नक्सलियन के सरेंडर, 13 माओवादियन पs 65 लाख के इनाम, सात महिला सामिल

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 7, 2026

सेंट्रल डेस्क। छत्तीसगढ़ के सुकमा जिला में 26 गो नक्सली आत्मसमर्पण कइले बा लोग। सरेंडर करे वाला माओवादी लोगन में 13 गो अइसन बा, जेकरा पs कुल 65 लाख रुपिया के इनाम घोषित रहे। सुकमा

Share

सेंट्रल डेस्क। छत्तीसगढ़ के सुकमा जिला में 26 गो नक्सली आत्मसमर्पण कइले बा लोग। सरेंडर करे वाला माओवादी लोगन में 13 गो अइसन बा, जेकरा पs कुल 65 लाख रुपिया के इनाम घोषित रहे। सुकमा के पुलिस अधीक्षक किरण चव्हाण बतइलें कि आत्मसमर्पण करे वाला कैडर में सात गो महिला लोग सामिल बा, जे राज्य सरकार के “पूना मार्गेम” पहल से प्रभावित होके मुख्यधारा में लवट आइल लोग।

पुलिस अधीक्षक के मोताबिक, ई सब माओवादी पीपुल्स लिबरेशन गुरिल्ला आर्मी (PLGA) बटालियन, दक्षिण बस्तर डिवीजन, माड़ डिवीजन आ आंध्र-ओडिशा सीमा डिवीजन में सक्रिय रहे लाेग। ई लोग अबूझमाड़, सुकमा जिला आ ओडिशा से सटल इलाकन में कइयन गो नक्सली घटना में सामिल रहल बा। सरकार के आत्मसमर्पण आ पुनर्वास नीति से प्रभावित होके ई सब नक्सली हिंसा के रास्ता छोड़ के सरेंडर कइल।

लाली उर्फ मुचाकी पs रहे 10 लाख के इनाम

सरेंडर करे वाला प्रमुख नक्सलियन में लाली उर्फ मुचाकी आयते लखमू (35) सामिल बाड़ी। ऊ कंपनी पार्टी समिति के सदस्य रहल बाड़ी आ ओकरा पs 10 लाख रुपिया के इनाम घोषित रहे। मुचाकी कइयन गो गंभीर हिंसक वारदात में सामिल रहल बा, जवना में 2017 में ओडिशा के कोरापुट रोड पs वाहन पs IED विस्फोट सामिल बा, एह हमला में 14 गो सुरक्षाकर्मी शहीद हो गइल रहे लोग।

एकरा अलावे चार गो आउर प्रमुख कैडर- हेमला लखमा (41), अस्मिता उर्फ कमलू सन्नी (20), रामबती उर्फ पदम जोगी (21) आ सुंदरम पाले (20) पs आठ-आठ लाख रुपिया के इनाम रहे।

2020 के मिनपा हमला में सामिल रहे लखमा

पुलिस अफसर लोग बतावल कि हेमला लखमा 2020 के मिनपा हमला में सामिल रहल रहे, जवना में 17 गो सुरक्षाकर्मी जान गंवइले रहलें। आत्मसमर्पण करे वाला बाकी कैडर में तीन गो पs 5-5 लाख, एगो पs 3 लाख, एगो पs 2 लाख आ तीन गो पर 1-1 लाख रुपिया के इनाम रहे।

सरेंडर कइल सब नक्सलियन के तत्काल 50 हजार रुपिया के सहायता राशि दिहल गइल बा आ सरकार के नीति अनुसार आगे चल के ओह लोगन के पुनर्वास कइल जाई।

Read Also: Hair Fall : तेजी से झड़त बा बाल? तs तुरंते छोड़ दीं ई 4 चीज, ना तs महंगा दवाइयन तक से ना रुकी हेयर फॉल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.