सेंट्रल डेस्क। कर्नाटक के बल्लारी में बियफे के भइल हिंसा के ममिला में भाजपा विधायक जनार्दन रेड्डी सहित 11 लोगन के खिलाफ एफआईआर दर्ज कइल गइल बा। ओहिजा हिंसा के बाद बल्लारी में सुरक्षा बेवस्था कड़ा कs दिहल गइल बा आ भारी संख्या में पुलिस बल तैनात कइल गइल बा। दरअसल बैनर लगावे के लेके कांग्रेस विधायक भरत रेड्डी आ भाजपा विधायक जनार्दन रेड्डी के समर्थक आपस में भिड़ गइल रहे लोग। एह हिंसा में एगो व्यक्ति के मौत हो गइल रहे।
तनाव को देखत इलाका में भारी पुलिस बल तैनात
पुलिस के एगो वरिष्ठ अधिकारी बतवलें ‘फिलहाल इस्थिति नियंत्रण में बा आ अतिरिक्त सुरक्षा बल के तैनाती कइल गइल बा। हालात अभी शांतिपूर्ण बा आ सब एहतियाती कदम उठावल गइल बा आ ई सुनिश्चित कइल गइल बा कवनो अवांछित घटना ना होखे।’ सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल वीडियो में दिख रहल बा कि एगो व्यक्ति हथियार लहरा रहल बा आ हवाई फायरिंग कs रहल बा। एह ममिला में पुलिस सुक के भाजपा विधायक जनार्दन रेड्डी, पूर्व मंत्री आ भाजपा नेता श्रीरामुलु, शेखर, अलिखन आ सोमशेखर रेड्डी सहित 11 लोगन के खिलाफ ममिला दर्ज कइल गइल बा।
कवना बात पs भइल विवाद
बल्लारी में 3 जनवरी के वाल्मिकी जी के प्रतिमा के अनावरण होखे के बा। एकरा के लेके एगो कार्यक्रम आयोजित कइल जा रहल बा, जवना के पोस्टर-बैनर शहर भर में लगावल जा रहल बा। पुलिस के अनुसार, कांग्रेस विधायक भरत रेड्डी के समर्थक अवंभावी इलाका में भाजपा विधायक जनार्दन रेड्डी के आवास के बाहर कार्यक्रम के बैनर लगावत रहे लोग। कथित तौर पs भाजपा विधायक के समर्थक एकर विरोध कइल, जवना के चलते दुनो पक्ष आमने-सामने आ गइल। पहिले दुनो पक्षन में बहस भइल आ जल्दिये ई मारपीट में बदल गई। एकरा बाद दुनो तरफ से पत्थरबाजी सुरू हो गइल। पुलिस के कहनाम बा कि जब हंगामा के सूचना पs पुलिस उहां पहुंचल तs ओकरो पs पथराव भइल।
घटना में कइयन गो लोग घायल भइल बा। पुलिस लाठीचार्ज कइलस आ हवाई फायरिंग कs के हालात के कवनो तरे से भीड़ के तितर-बितर कइलस आ हालात पs काबू पवलस। पुलिस के कहनाम बा कि ममिला के जांच चल रहल बा आ आरोपियन के पहचान कइल जा रहल बा।








