हाथ में कलावा अउर गटई में गेंदा के माला… पीएम हाउस में ऋषि सुनक एह अंदाज में कइलें एंट्री

Share

भारतीय मूल के ऋषि सुनक पहिला बेर हिंदू प्रधानमंत्री के तौर पर ब्रिटेन के सत्ता सम्हरले बानें। 10 डाउनिंग स्ट्रीट में प्रवेश के दौरान उनके हाथ में पवित्र लाल हिंदू ‘कलावा’ धागा पहिनल देखल गइल त उनके गले में गेंदा के माला भी। ऑक्सफॉर्ड यूनिवर्सिटी अउर स्टैनफोर्ड यूनिवर्सिटी जइसन दुनिया के नामचीन शिक्षण संस्थान से शिक्षा हासिल करे वाले ऋषि सुनक के मंगर ले किंग चार्ल्स ब्रिटेन के नया प्रधानमंत्री नियुक्त कइलें। सुनक के अपने हिंदू होखले पर गर्व बा।

हिंदू पहचान अउर भारतीय जड़ से होखले पर गर्व

ऋषि के अपने हिंदू होखले अउर अपने भारतीय जड़ पर गर्व रहल बा। एहीलिए वित्त मंत्री बनले के बाद पहिला दिवाली मनावत उ अपने आवास 11, डाउनिंग स्ट्रीट के बाहर भी दिवाली के दीया जरावत नजर आइल रहनें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-