रांची : झारखंड लोक सेवा आयोग (JPSC) द्वारा रिकॉर्ड 252 दिन में 252 पद खातिर आयोजित सातवीं से दसवीं सिविल सेवा परीक्षा के फाइनल रिजल्ट मंगर के जारी कs देलस। मुख्य परीक्षा में 802 अभ्यर्थी सफल भइल रहे लो। एह परीक्षा में 2,49,650 परीक्षार्थी राज्य के 1102 केंद्रन पs शामिल भइल रहे। बता दीं कि मुख्य परीक्षा से 50 दिन बाद फाइनल रिजल्ट जारी कs दिहल गइल बा। एह परीक्षा में सम्मिलित परीक्षार्थी JPSC के ऑफिशियल वेबसाइट www.jpsc.gov.in पs जाके आपन रिजल्ट देख सकत बा लो।
केतना पदन पs भइल नियुक्ति
सेवा : पद
सहायक नगर आयुक्त (नगर विकास) : 65
उप समाहर्ता (डिप्टी कलक्टर) : 44
पुलिस उपाधीक्षक (डीएसपी) : 40
झारखंड शिक्षा सेवा वर्ग-2 : 41
प्रोवेशन पदाधिकारी (गृह विभाग) : 17
जिला समादेष्टा (गृह विभाग) : 16
अवर निबंधक (राजस्व विभाग) : 10
नियोजन पदाधिकारी : 09
सहायक निबंधक (कृषि) : 06
कारा अधीक्षक (गृह विभाग) : 02
सहायक निदेशक, सामाजिक सुरक्षा : 02
कुल : 252