‘फेर से जीतू भइया मचइहें भौकाल, ‘Kota factory 3’ के ट्रेलर देख के बोलले फैंस – रोंआ सिहरावे देवे वाला रही ई सीजन

Share

Kota factory 3: ओटीटी पऽ जितेंद्र कुमार पंचायत 3 के साथे पहिलहीं से धमाका मचा रहल बाड़े। अब कोटा फैक्ट्री के तीसरका सीजन एक बार फेर से उऽ आपन फैन फॉलोइंग बढ़ावत नजर आ रहल बाड़े। शो के तीसरका सीजन रिलीज कइल जा चुकल बा जवना के देखला के बाद फैंस के खुशी के ठिकाना नइखे। कोटा फैक्ट्री 3 में एक बार फेर जीतू भैया बनके जितेंद्र कुमार लौटल बाड़े।

नेटफ्लिक्स एह महीना के आपन मोस्ट अवेटेड सीरीज ‘कोटा फैक्ट्री 3’ के ट्रेलर जारी कऽ देले बा। ‘पंचायत 3’ के सचिव जी अब कोटा में आईआईटी कोचिंग सेंटर के कमान संभालत नजर अइहें। ‘सचिव’ से ‘टीचर’ तक के सफर तय कर चुकल जितेंद्र कुमार ‘कोटा फैक्ट्री 3’ में एक बार फिर ‘जीतू सर’ ना ‘जीतू भैया’ बन के सामने आइल बाड़े।

कोटा फैक्ट्री 3′ के ट्रेलर रिलीज’

ओटीटी पs ‘कोटा फैक्ट्री 3’ के रिलीज डेट के एलान हो चुकल बा। एही के साथे ट्रेलर के झलको सामने आ चुकल बा। अपना ‘जीतू भैया’ के देख के एक बार फेर से फैंस एक्साइटेड हो गइल बाड़े। राजस्थान के कोटा पs आधारित ई वेब सीरीज, NEET – JEE के तैयारी कर रहल छात्रन के संघर्ष आ मेहनत के देखावऽता, जवना में ‘जीतू भैया’ के हाथ बा।

ट्रेलर देख एक्साइटेड भइलें फैंस

ट्रेलर में स्टूडेंट्स के परेशानी, उनकर कन्फ्यूजन आ भविष्य के लेके टेंशन देखे के मिलल बा। TVF के मोस्ट लव्ड सीरीज ‘कोटा फैक्ट्री’ के तीसरका सीजन के ट्रेलर देख फैंस के एक्साइटमेंट सातवां आसमान पs बा। शो के एगो फैन कमेंट कइलें, ‘ ई टीवीएफ के शो हऽ, कंटेंट के गारंटी ले सकऽ तानी।’

‘रोंआ सिहरा दिही ई सीजन’

एगो आउर कमेंट आइल कि, ‘कोटा के अगिला सीजन खातिर आपन एक्साइटमेंट नइखे रोक सकत। हमनी पहिलहीं से एग्जाम ड्रामा के बहुत सारा स्ट्रेस देखले बानी।’ एगो फैन कमेंट में लिखले, ‘ ई सीजन रोंआ सिहरा दिही…NEET के तैयारी करे वाला स्टूडेंट्स खातिर ई शो हार्ड रियलिटी लेके आई।’

ट्रेलर देख रो देले फैंस

नेटफ्लिक्स के सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म पs शेयर कइल ट्रेलर पs कुछ यूजर्स लिखले कि एकरा के देख उनका आंखिन में लोर आ गइल।

एह दिने रिलीज होई शो

‘कोटा फैक्ट्री 3’ नेटफ्लिक्स पs 20 जून के रिलीज हो रहल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-