Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

झारखंड के 22वां स्थापना दिवस आजु, राष्ट्रपति मुर्मू पहुंचली रांची, बिरसा मुंडा के देहली श्रद्धांजलि

306

झारखंड आजु आपन 22वां स्थापना दिवस मना रहल बा। एह मौका पर राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू रांची पहुंच के बिरसा मुंडा के श्रद्धांजलि अर्पित कइली। उहवें पीएम मोदी भी ट्वीट कs के बिरसा मुंडा के नमन कइलें। एह मौका पर कई रंगारंग कार्यक्रम भी आयोजित कइल जाई। एकरे अलावा आजु बिरसा मुंडा के जयंती पs सीएम सोरेन झारखंडवासियन के करोड़न रुपया के परियोजना के सौगात भी दीहें।

पीएम मोदी भी बिरसा मुंडा के कइलें नमन

प्रधानमंत्री मोदी झारखंड के स्थापना दिवस अउर बिरसा मुंडा जयंती पs ट्वीट क के राज्य के नागरिकन के बधाई दिहलें। पीएम मोदी लिखलें कि आप सब के जनजातीय गौरव दिवस के अनेकानेक शुभकामना। भगवान बिरसा मुंडा जी के शत-शत नमन। पीएम मोदी कहनें कि भगवान बिरसा मुंडा खाली हमनीके राजनीतिक आजादी के महानायक ही नाइ बलुक ऊ हमनी के आध्यात्मिक, सांस्कृतिक ऊर्जा के संवाहक भी रहलें। आजु देश भगवान बिरसा मुंडा समेत करोड़न जनजातीय वीरन के सपना के पूरा कइले के दिशा में आगे बढ़ रहल बा।

आजु दोपहर 12.30 पर शुरू होई कार्यक्रम

मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन के अधिकारी लोग बतवलें कि कार्यक्रम में 15000 लोगन के बैठले के व्यवस्था कइल गइल बा। मंगलवार के बिहाने 10 बजे ले सब लोग कार्यक्रम स्थल पर पहुंच जइहें। जबकि कार्यक्रम के शुरुआत दोपहर 12 बजकर 30 मिनट पर होई। लोगन के कार्यक्रम स्थल तक लावे खातिर करीब 350 बस के व्यवस्था कइल गइल बा। उहवें सुरक्षा व्यवस्था चाक चौबंद रखे खातिर 5000 सुरक्षाकर्मियन के तैनात कइल गइल बा।

करोड़न के परियोजना के उद्घाटन अउर शिलान्यास

उहवें स्थापना दिवस के मौका पर सीएम सोरेन राज्यवासियन के 7,319 करोड़ के परियोजना के सौगात दीहें। ऊ मोरहाबादी में आयोजित राजकीय मुख्य समारोह में कई नयका योजना के भी लांच करिहें। मुख्यमंत्री 5443 करोड़ के 147 योजना के शिलान्यास अउर 1876 करोड़ के 222 योजना के लोकार्पण करिहें। एतने नाइ, लाभुकों के बीच दो हजार करोड़ के परिसंपत्ति के बाँटल भी जाई।

380430cookie-checkझारखंड के 22वां स्थापना दिवस आजु, राष्ट्रपति मुर्मू पहुंचली रांची, बिरसा मुंडा के देहली श्रद्धांजलि

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.