Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कर्ज में डूबल ज्वेलर्स दंपत्ति गंगा में लगईले छलांग, मरले से पहिले लिहले सेल्फी, सुसाइड नोट में लइकन खातीर लिखलें ई शब्द

125
Google Ads 300*250 for posts

 

 

उत्तर प्रदेश के सहारनपुर से जौहरी हरिद्वार गईले अवुरी गंगा नदी में कूद के आत्महत्या कs लेले। जानकारी के मुताबिक हरिद्वार के गंगा नहर से युवक के लाश बरामद भईल बा। मौका से पति-पत्नी के सुसाइड नोट भी बरामद हो चुकल बा। हालांकि अबे ले जौहरी के पत्नी के कवनो निशान नईखे मिलल। किशनपुरा के साई ज्वेलर्स के मालिक सौरभ बब्बर के लाश हरिद्वार के रानीपुर कोतवाली इलाका में मिलल बा.

सुसाइड कइले से पहिले पत्नी के साथे सेल्फी

जानकारी के मुताबिक, करोड़ों रुपिया के कर्जा के चलते जौहरी जोड़ी हरिद्वार के गंगा नहर में कूद के आत्महत्या कs लेले। आत्महत्या करे से पहिले दुनो लोग अपना मोबाइल से अंतिम सेल्फी लेले अवुरी मौत के गले लगा लेले। जानकारी के मुताबिक सौरभ बब्बर पछिला कुछ दिन से पत्नी के संगे लापता रहले। सौरभ बब्बर के सहारनपुर के गोल्ड कमेटी से भी जानल जाला।

आत्महत्या के कारन दिहलस

रानीपुर कोतवाली पुलिस के मुताबिक आज सबेरे नहर के नजदीक उनुकर लाश मिलल बा। बतावल जाता कि उनुकर पत्नी भी उनुका संगे रहली बाकिर उs अबे ले गायब बाड़ी। सुसाइड नोट पs 10 अगस्त के तारीख लिखल बा। सुसाइड नोट में लिखल बा कि हमनी के अपना लेनदार के अंधाधुंध ब्याज देले बानी जा। अब हमनी के अउरी देवे में सक्षम नईखी।

सुसाइड नोट में का लिखल बा

पुलिस के मौका से सुसाइड नोट भी मिलल बा। एहमें मरेवाला कर्ज में डूबल बतवले बा आ आत्महत्या के बात कइले बा. सुसाइड नोट में लिखल बा, “हम सौरभ बब्बर कर्जा के दलदल में अतना फंसल बानी कि कवनो रास्ता नइखे। आखिरकार हम आ हमार मेहरारू मोना बब्बर आपन जिनिगी खतम कs रहल बानी.”

सुसाइड नोट में लइकन खातीर लिखलें ई शब्द

“हमनी के किशनपुर के संपत्ति, दोकान अवुरी घर हमनी के दुनो बच्चा खातीर बा। हमनी के दुनु लइका अपना दादी के घरे रह जइहें। हमनी के केहु अवुरी पs भरोसा नईखे। हमनी के अपना कर्जदार पs अंधाधुंध ब्याज देले बानी जा अवुरी अब हमनी के अवुरी पईसा नईखी दे पावत। हमनी के आत्महत्या करे वाला जगह जाके फोटो के व्हाट्सएप पs शेयर करब जा। एह दुनिया से विदाई बा।”

 

 

 

928520cookie-checkकर्ज में डूबल ज्वेलर्स दंपत्ति गंगा में लगईले छलांग, मरले से पहिले लिहले सेल्फी, सुसाइड नोट में लइकन खातीर लिखलें ई शब्द

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.