गोरखपुर। जेसीआई गोरखपुर मिडटाउन के तत्वावधान में आयोजित दू दिन के जेसी बैडमिंटन ली- सीजन 5 के भव्य समापन बीआरडी मिनी स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स में हर्षोल्लास आ खेल भावना के संगे संपन्न भइल। प्रतियोगिता में उत्साह, ऊर्जा आ आपसी भाईचारा के सानदार नजारा देखे के मिलल।
एह प्रतियोगिता में
पुरुष एकल विजेता: जेसी अनुपम अग्रवाल
महिला एकल विजेता: जेसी रिया जैन
पुरुष युगल विजेता: जेसी अनुपम अग्रवाल आ जेसी गौरव जिंदल।
दू दिन के एह आयोजन के सफल संचालन कार्यक्रम निदेशक जेसी रौनक केजरीवाल, जेसी आशुतोष अग्रवाल, जेसीरेट पूजा राज आ जेसीरेट आकांक्षा अग्रवाल द्वारा कइल गइल। सबके मेहनत आ समर्पण से कार्यक्रम गरिमामय ढंग से पूरा भइल।
प्रतियोगिता के उद्घाटन 21 फरवरी के मुख्य अतिथि डॉ. वात्सल्य खेतान द्वारा कइल गइल। फाइनल मुकाबला के दिन मुख्य अतिथि ला युवा कल्याण अधिकारी अमित कुमार सिंह आ विशिष्ट अतिथि DIET के प्राचार्य अभिषेक कुमार पांडेय मवजूद रहलें।
एह मवका पs संस्था के कइयन गो वरिष्ठ सदस्यन के मवजूदगी रहे, जवना से कार्यक्रम के शोभा आउर बढ़ गइल। पूरा आयोजन रोमांचक, प्रतिस्पर्धात्मक आ उत्साह से भरल रहे। दर्शक आ खिलाड़ी खेल भावना के संगे हर मैच के भरपूर आनंद लिहल लोग।
मुख्य अतिथियन जेसीआई गोरखपुर मिडटाउन के सराहना करत कहल कि अइसन खेल आयोजन समाज खातिर प्रेरणादायक बा आ आगहूं लगातार होखे के चाहीं।
कार्यक्रम के अंत में संस्था के सचिव जेसी किशन अग्रवाल सब अतिथि, खिलाड़ी, सदस्य आ मीडिया बंधुअन के धन्यवाद ज्ञापन कइलें। एह कार्यक्रम से जुड़ल जानकारी जन संपर्क अधिकारी जेसी विकास स्वरूप द्वारा दिहल गइल।
Read Also: Chatra Plane Crash : 7 के मौत, बिहार के डॉ. विकास ना रहलें, 8 साल के बेटा के छिन गइल सहारा






