जमुई। जमुई में भइल बड़ रेल हादसा के असर सोमारो के दिन साफ-साफ देखे के मिलल। जसीडीह-झाझा रेलखंड पs पटरी दुरुस्त करे आ डिरेल भइल मालगाड़ी के डिब्बा हटावे के काम अतवार के रात भर युद्ध स्तर पs चलल, बाकिर एतना मशक्कत के बादो दूसरका दिन एह रूट पs ट्रेन परिचालन सुरू ना हो सकल। एकरा से जसीडीह जंक्शन से दिल्ली आ किऊल जंक्शन से हावड़ा जाये वाली ट्रेनन पs सीधा असर पड़ल। यात्री घंटन स्टेशन पs इंतजार कइला पs मजबूर भइल लोग आ कइयन गो ट्रेन रद्द भा डायवर्ट हो गइला से लोगन के यात्रा के योजना पूरा तरे बिगड़ गइल।
हावड़ा जाये वाली ट्रेनन के पटना के रास्ते भेजल जा रहल बा, जबकि दिल्ली जाये वाली ट्रेनन के आसनसोल होके चलावल जा रहल बा। पटना-हावड़ा रेल रूट पs सोमार के दिने आवाजाही प्रभावित रहल। बिहार, झारखंड, उत्तर प्रदेश, दिल्ली आ पश्चिम बंगाल के हजारन यात्री भारी परेसानी में पड़ल रहे लोग। रेलवे के मोताबिक सोमार के दिन 17 ट्रेन के डायवर्ट कइल गइल, जबकि 13 ट्रेन पूरा तरे रद्द कs दिहल गइल।
डायवर्ट भइल प्रमुख ट्रेनन में धनबाद-पटना इंटरसिटी, हावड़ा-नई दिल्ली पूर्वा एक्सप्रेस, दुरंतो एक्सप्रेस, राजधानी एक्सप्रेस, पटना-हावड़ा एक्सप्रेस, हावड़ा-पटना वंदे भारत, टाटानगर-बक्सर एक्सप्रेस, कोलकाता-गोरखपुर पूर्वांचल एक्सप्रेस, जसीडीह-पुणे साप्ताहिक, आसनसोल-मुंबई CSMT एक्सप्रेस, रक्सौल-हैदराबाद एक्सप्रेस, पाटलिपुत्र एक्सप्रेस आ काठगोदाम-हावड़ा बाघ एक्सप्रेस सामिल बाड़ी सs।
रद्द भइल ट्रेनन में सियालदह-बलिया एक्सप्रेस, मोकामा-हावड़ा एक्सप्रेस, जसीडीह-मोकामा मेमू, किऊल-जसीडीह मेमू, देवघर-झाझा मेमू, झाझा-देवघर मेमू, जसीडीह-बैद्यनाथधाम मेमू आ झाझा-पटना मेमू सहित कुल 13 ट्रेन बाड़ी सs। एकरा से लोकल यात्री सबसे जादे परेसान भइल लोग।
अतवार के दिन कइयन गो ट्रेनन के रद्द आ डायवर्ट कइल गइल रहे। जसीडीह स्टेशन पs उत्तर बिहार के सइयन गो यात्री रात भर फंसल रहे लोग। वंदे भारत, पंजाब मेल, साउथ बिहार एक्सप्रेस, पाटलिपुत्रा एक्सप्रेस जइसन लमहर दूरी के ट्रेनन के वैकल्पिक रूट से चलावल जा रहल बा।
का बा पूरा ममिला
ई हादसा सनिचर के रात करीब 11:25 बजे जसीडीह-झाझा रेलखंड पs टेलवा बाजार हॉल्ट के लगे बरुआ नदी पुल के पास भइल। आसनसोल से झाझा जा रहल सीमेंट लदल मालगाड़ी पटरी में दरार के चलते बेपटरी हो गइल। हादसा में 19 डिब्बा पटरी से उतर गइल, जवना में 10 पुल पs पलट गइल आ 9 डिब्बा नदी में गिर पड़ल। राहत के बात ई रहल कि कवनो जानमाल के नुकसान ना भइल।
सुरुआती जांच में सामने आइल बा कि ट्रैक में जोड़ के जगह पs पहिले से दरार रहे, भारी मालगाड़ी के बोझ सहन ना कs पइला से पटरी उखड़ गइल। रेलवे अधिकारी बतावत बा लोग कि मरम्मत आ मलबा हटावे के काम तेजी से चल रहल बा आ जल्दिये एह महत्वपूर्ण रेलखंड पs परिचालन बहाल करे के कोसिस जारी बा।







