Jammu Ring Road Accident : जम्मू रिंग रोड पs बड़ सड़क हादसा; सड़क किनारे खड़ा क्रेन से टकराइल पंजाब रोडवेज बस, 50 यात्री घायल 

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 29, 2025

सेंट्रल डेस्क। जम्मू रिंग रोड पs एगो गंभीर सड़क हादसा भइल बा। पंजाब से जम्मू आ रहल पंजाब रोडवेज के बस सड़क किनारे खड़ा एगो क्रेन से जा टकराइल। एह हादसा में करीब 50 यात्री

Share

Punjab Roadways bus collided with a roadside crane on Jammu Ring Road injuring around 50 passengers

सेंट्रल डेस्क। जम्मू रिंग रोड पs एगो गंभीर सड़क हादसा भइल बा। पंजाब से जम्मू आ रहल पंजाब रोडवेज के बस सड़क किनारे खड़ा एगो क्रेन से जा टकराइल। एह हादसा में करीब 50 यात्री घायल हो गइल बा लोग, जवना में 3 से 4 लोगन के हालत गंभीर बतावल जा रहल बा।

मिलल जानकारी के मोताबिक, क्रेन के मदद से सड़क किनारे स्ट्रीट लाइट लगावल जात रहे। ओही, दौरान तेज रफ्तार से आ रहल बस संतुलन खो बइठल आ सड़क किनारे खड़ा क्रेन से भिड़ गइल। टक्कर एतना जोरदार रहे कि बस में सवार कइयन गो यात्री सीट से गिर पड़लें आ गंभीर रूप से घायल हो गइलें।

हादसा के बाद मौका पs अफरातफरी मच गइल। स्थानीय लोग आ राहगीर लोग तुरंत राहत काम में जुट गइल। सूचना मिलतही पुलिस आ आपातकालीन सेवा के टीम घटनास्थल पs पहुंच गइल आ राहत-बचाव कार्य सुरू कइलस। घायल यात्री लोगन के फौरन नजदीकी अस्पतालन में भर्ती करावल गइल, जहां सबकर इलाज चल रहल बा।

पुलिस हादसा के कारणन के जांच सुरू कs देले बिया। दुर्घटना के चलते कुछ समय खातिर रिंग रोड पs यातायात प्रभावित भइल। प्रशासन वाहन चालकन से अपील कइले बा लोग कि सड़क पs चलत घरी सतर्क रहें आ गति सीमा के पालन जरूर करीं, ताकि अइसन हादसा दोबारा ना हो सके।

Read Also: Gorakhpur News : सीएम योगी बोललें- ‘घबराईं मत, हर समस्या के समाधान होई, सरकार सब केहू के भरपूर मदद करी’ 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.