नई दिल्ली। राजस्थान के जयपुर में एगो फोटोशूट के लेके सोशल मीडिया पs जोरदार बवाल मच गइल बा। एगो बिदेसी फोटोग्राफर हाथी के चमकीला गुलाबी रंग से रंग के फोटोशूट कइलस, जवन तस्वीर वायरल होखतही लोगन के गुस्सा भड़क गइल। लोग एकरा के पशु क्रूरता बतावत कड़ा आलोचना कs रहल बा।
असल में, रूस के फोटोग्राफर जूलिया बुरुलेवा जयपुर में फोटोशूट कइले रहली। एह फोटोशूट में एगो मॉडल के संगे गुलाबी रंग से रंगल हाथी देखल गइल। ई तस्वीर नवंबर 2025 के बतावल जा रहल बा, जवना के अब दुबारा वायरल होखला पs वन्यजीव प्रेमी आ सोशल मीडिया यूजर लोग सवाल उठावत बा कि कला के नाम पs जानवरन के इस्तेमाल काहे हो रहल बा।
जानल जावs पूरा ममिला
जूलिया बुरुलेवा सबसे पहिले 27 दिसंबर 2025 के इंस्टाग्राम पs गुलाबी हाथी वाला पोस्ट शेयर कइले रहली। बाद में 18 फरवरी के ऊ सफाई देत कहली कि हाथी पs इस्तेमाल कइल गइल रंग ऑर्गेनिक आ लोकल बनावल रहे, जइसन कि त्योहार में इस्तेमाल होला, आ ई जानवर खातिर सुरक्षित रहे।
फोटोशूट के बाद साफ कs दिहल गइल रंग
आमेर के हाथी गांव के लोगन के कहनाम बा कि खाली हर्बल रंग के इस्तेमाल कइल गइल रहे आ फोटोशूट के 30 मिनट बाद हाथी के पूरा साफ कs दिहल गइल, ताकि ओकरा कवनो नुकसान ना होखे।
बाकिर, सोशल मीडिया पs कइयन लोग एह फोटोशूट के कड़ा निंदा करत बा। कुछ लोग कहत बा कि हाथी कवनो कैनवास ना हs, बलुक एगो जंगली जानवर हs, जवना के सुंदरता खातिर इस्तेमाल कइल गलत बा।








