नई दिल्ली। मिडिल ईस्ट में तनाव लगातार बढ़त जा रहल बा। इजराइल आ ईरान के बीच लगातार बमबारी जारी बा। एह बीच ईरान इजराइल पs जोरदार हमला कइलस, जवना के इजरायली सैनिक लोग पुष्टि कइले बा।
इजराइल के राजधानी यरुशलम में कम से कम 10 जगह पs धमाका के आवाज सुनाई देलस। इजराइल के सुरक्षा बल कहलस कि ओकर एयर डिफेंस सिस्टम ईरानी मिसाइलन के जवाब दे रहल बा। फिलहाल यरुशलम में सायरन बज रहल बा।
ईरान के सेना अमेरिका के MQ-9 रीपर ड्रोन गिरवलस
इस्लामिक रिवोल्यूशनरी गार्ड कोर (IRGC) मंगर के दिन बतवलस कि ईरान के वायु सेना सेंट्रल ईरान के इस्फहान शहर के ऊपर अमेरिकी बनल MQ-9 रीपर लमहर दूरी वाला ड्रोन के मार गिरवलस।
सऊदी में ईरान के ड्रोन हमला
अमेरिका-इजराइल के हमला के जवाब में ईरान लगातार खाड़ी देसन में अमेरिकी सैन्य ठिकाना के निशाना बना रहल बा। एह क्रम में ईरान सऊदी के अल-खारज प्रांत में ड्रोन दगलस, जवन सऊदी एयर डिफेंस सिस्टम नष्ट कs देलस। सऊदी के अल-खारज प्रांत बतवलस कि ड्रोन के गिरल मलबा से छव घरन के मामूली नुकसान भइल बा आ एह घटना में केहूओ घायल नइखे भइल।
दुबई में कुवैत तेल टैंकर पs हमला
कुवैत के सरकारी तेल कंपनी के हवाला से KUNA समाचार एजेंसी बतवले बा कि दुबई बंदरगाह पs कुवैती तेल टैंकर पs ईरान जानबूझ के हमला कइलस। हमला के कारण टैंकर में आग लाग गइल, बाकिर केहू घायल ना भइल।
तेहरान में बिजली गुल
ईरानी मीडिया के अनुसार मंगर के दिन तेहरान में विस्फोट के आवाज सुनाई देलस आ राजधानी के कुछ हिस्सा में बिजली गुल हो गइल। इजराइल के मिसाइल हमला के दौरान तेहरान शहर के पूरब में इस्थित विद्युत सबस्टेशन पs बिजली के छर्रा गिरल, जवना से बिजली सप्लाई बंद हो गइल।
लेबनान में चार इजरायली सैनिकन के मौत
इजरायली रक्षा बल (IDF) मंगर के दिन दक्षिणी लेबनान में अभियान के दौरान चार सैनिकन के मौत के पुष्टि कइले बा। IDF कहले बा कि तीन सैनिक घायल भइल बा लोग।








