Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Israel Hezbollah War: बेरूत में इजरायल बरसवलस बम, 12 से जादा लोगन के मउत; 57 घायल

34

 

 

इजरायल लगातार लेबनान में आतंकी संगठन हिजबुल्लाह के अड्डा पs निशाना बनावत बा. एही बीच इजरायली वायुसेना बेरूत आ ओकरा आसपास जानलेवा हवाई हमला कइलस. इजरायल के हवाई हमला में बारह से अधिका लोग के मउत हो गइल बा. एह हमला में लेबनान के सबले बड़का पब्लिक अस्पताल के बहुते नुकसान भइल बा. लेबनान के स्वास्थ्य अधिकारी एह बारे में जानकारी दिहले बाड़न.

निशाना पs बा हिजबुल्लाह के ठिकाना

लेबनान के स्वास्थ्य मंत्रालय के कहना बा कि इजरायल के हवाई हमला में 57 गो अउरी लोग घवाहिल हो गइल बा. एह हमला में दक्षिणी बेरूत के बाहरी इलाका में रफीक हरीरी विश्वविद्यालय अस्पताल के सामने कई गो भवन भी तबाह हो गइल। इजरायली सेना बिना कवनो विवरण दिहले कहलस कि ऊ हिजबुल्लाह के ठिकाना पs हमला कइले बिया. सेना अस्पताल के निशाना ना बनवलस।

हिजबुल्लाह दगलस रॉकेट

हिजबुल्लाह भी एकर जवाबी कार्रवाई करत मध्य इजरायल में कई गो रॉकेट चला दिहलस। हिजबुल्लाह के एह हमला से कवनो नुकसान ना भइल. अमेरिकी विदेश मंत्री एंथोनी ब्लिंकन के गाजा युद्धविराम के बातचीत फेर से शुरू करे के मिशन पs एह इलाका में आवे से कुछ घंटा पहिले ई हमला भइल बा. इजरायली सेना के कहल बा कि लेबनान से इजरायल में रॉकेट चलावल गइल आ ओहमें से अधिकतर रॉकेट हवाई रक्षा प्रणाली हवा में नष्ट कs दिहलस.

हमास के आतंकी हमला कईले रहले

बता दीं कि पिछला साल 7 अक्टूबर के हमास के आतंकी इजरायल पs हमला कइले रहले. एह आतंकी हमला में करीब 1200 लोग के मउत हो गइल आ 250 लोग के अपहरण हो गइल. एकरा बाद से इजरायल लगातार हमास के ठिकाना पs हमला करत रहल बा। स्थानीय स्वास्थ्य अधिकारियन के मुताबिक गाजा में इजरायल के जवाबी हमला में 42 हजार से अधिका फिलिस्तीनी मारल गइल बाड़े. एह युद्ध से गाजा के अधिकतर हिस्सा तबाह हो गइल बा आ ओकर 23 लाख आबादी के लगभग 90 फीसदी लोग विस्थापित हो गइल बा.

 

 

 

994820cookie-checkIsrael Hezbollah War: बेरूत में इजरायल बरसवलस बम, 12 से जादा लोगन के मउत; 57 घायल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.