Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

संघर्ष के 72 घंटा के अंदर करीब 1600 के मउत; हमास दिहलस इस्राइली बंधकन के हत्या के धमकी

आतंकी संगठन हमास के इजराइल पs भइल हमला से पूरा दुनिया में हलचल मच गइल बा। हमास के हमला के लेके पश्चिमी देश जहां इजराइल के समर्थन कईले बाड़े उहें पश्चिमी एशिया के इस्लामी देश फिलिस्तीन के समर्थन में एक संगे खड़ा बाड़े। एही बीच इजराइल में भईल ए दर्दनाक हमला में अबे ले करीब 900 लोग के जान गईल बा।

207

 

आतंकी संगठन हमास के इजराइल पs भइल हमला से पूरा दुनिया में हलचल मच गइल बा। हमास के हमला के लेके पश्चिमी देश जहां इजराइल के समर्थन कईले बाड़े उहें पश्चिमी एशिया के इस्लामी देश फिलिस्तीन के समर्थन में एक संगे खड़ा बाड़े। एही बीच इजराइल में भईल ए दर्दनाक हमला में अबे ले करीब 900 लोग के जान गईल बा। एकरा संगे इ बात सोझा आईल बा कि गाजा पट्टी पs इजराइल के ओर से भईल जवाबी हमला में 690 लोग के जान गईल। एह हालात के बीच हमास धमकी दिहले बा कि अगर गाजा पट्टी पs हमला ना रुकल त इजराइली बंधक के जान लेबे के पड़ी।

आज इजराइल आ हमास के बीच युद्ध के चउथा दिन बा। एह लड़ाई में अबले एक हजार लोग के मउत हो चुकल बा। एतने ना हमास कहलस कि जदी इजराइल युद्ध ना रोकलस तs बंधक के मार दिही। हमास बंधकन के सुरंग में छिपा के रखले बा। इजरायल में नेपाल के 10, यूक्रेन के 2, फ्रांस के 2 आ कंबोडिया के एक नागरिक के मउत हो गईल बा। एह सब के बीच ईरान से बड़हन खबर तब आइल जब ऊ कहलस कि ऊ हमास के मदद नइखे करत। एह सब के बीच हमास इस्लामी देशन के बइठक बोलवले बा। एतने ना, अमेरिका इजराइल के मदद कs रहल बा। इजरायल के पीएम बेंजामिन नेतन्याहू कहले कि हमनी के युद्ध ना चाहत रहनी जा लेकिन हमास अपना देश के खिलाफ जवना तरह से काम कईलस उ युद्ध रहे अवुरी कवनो संप्रभु देश के आपन बचाव करे के अधिकार बा, ए सभके बीच इजराइल-हमास के लड़ाई अब चलता, अबे ले 1400 लोग के मउत हो चुकल बा , जवना में 900 इजराइली नागरिक शामिल बाड़े। हमास के कहना बा कि अगर इजरायली हवाई हमला ना रोकल गइल त ऊ बंधक के बारे में निर्णायक फैसला लीहें।

 

 

 

 

 

658760cookie-checkसंघर्ष के 72 घंटा के अंदर करीब 1600 के मउत; हमास दिहलस इस्राइली बंधकन के हत्या के धमकी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.