Iran Israel Conflict : ‘ईरान के टॉप सिक्योरिटी चीफ अली लारीजानी के मार गिरावल गइल’, इजरायल के रक्षा मंत्री के दावा

Share

नई दिल्ली। इजरायल के रक्षा मंत्री कट्ज दावा कइले बाड़ें कि आईडीएफ ईरान के टॉप सिक्योरिटी चीफ अली लारीजानी के मार गिरवले बा।

एकरा से पहिले इजरायली मीडिया दावा कइले रहे कि उनकर सेना ईरान के सुरक्षा प्रमुख अली लारीजानी के निशाना बनवले बिया। हालांकि, सुरुआत में ई साफ ना हो सकल रहे कि ऊ मारल गइल बाड़ें कि खाली घायल भइले बाड़ें।

ईरान अभी तक चुप बा

एह ममिला पs ईरान अभी तक कवनो आधिकारिक बयान नइखे देले। ई खबर ओह बयान के एक दिन बाद सामने आइल बा, जब ईरान के सुप्रीम नेशनल सिक्योरिटी काउंसिल के सचिव मुस्लिम देशन से अपील कइले रहलें कि अमेरिका आ इजरायल के खिलाफ लड़ाई में तेहरान के संगे खड़ा रहलें।

मुस्लिम देसन से समर्थन ना मिलला पs जतवलें निराशा

लारीजानी एह बात पs निराशा जतवले रहलें कि ईरान पs हमला होखला के बाद मुस्लिम बहुल देसन से उम्मेद के मोताबिक समर्थन ना मिलल। सोमार के ऊ कहलें कि “ईरान पs अमेरिकी-इजरायली हमला धोखा से कइल गइल, जवन बातचीत के दौरान भइल आ एकर मकसद ईरान के तबाह करे के रहे। एह हमला में इस्लामी क्रांति के कइयन गो बड़ नेता, नागरिक आ सैन्य अधिकारी शहीद हो गइलें।”

Read Also: Gorakhpur News : स्वच्छ भारत अभियान बा विकसित भारत के आधार- प्रो. वाचस्पति द्विवेदी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-