[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News : स्वच्छ भारत अभियान बा विकसित भारत के आधार- प्रो. वाचस्पति द्विवेदी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना (NSS) के दयानंद आ विवेकानंद इकाई द्वारा सात दिन के विशेष शिविर के तिसरका दिन ‘स्वच्छ भारत, स्वस्थ भारत’ अभियान के तहत साफ-सफाई कार्यक्रम चलावल गइल।

एह दौरान स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका लोग शिविर स्थल दयानंद शिशु सदन के नजदीक तेलियाना टोला, मुफ्तीपुर में साफ-सफाई कइलें आ आसपास के घर-घर जा के जनसम्पर्क कs के लोगन के स्वच्छता के महत्व समझावल। संगही राहगीर लोगन के जागरूक कइल गइल। बाद में स्वयंसेवक लोग स्वच्छता पs नुक्कड़ नाटक पेश कs के समाज के संदेश देलें। एकरा से पहिले सबेरे योगाभ्यासो कइल गइल।

शिविर के बौद्धिक सत्र में मुख्य अतिथि प्रोफेसर वाचस्पति द्विवेदी (अंग्रेजी विभाग, संत बिनोवा पीजी कॉलेज, देवरिया) कहलें कि स्वस्थ जिनगी खातिर स्वच्छता के आदत के रोजाना जिनगी में सामिल कइल बहुत जरूरी बा। ऊ कहलें कि स्वच्छ भारत अभियान विकसित भारत के सपना पूरा करे के मजबूत आधार हs। महाविद्यालय के प्राचार्य प्रो. शैल पांडे कहली कि राष्ट्रीय सेवा योजना समाज में जागरूकता फइलावे के एगो मजबूत माध्यम हs।

कार्यक्रम के संचालन कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता कइलें, जबकि मंच संचालन डॉ. शत्रुघ्न सिंह के ओर से कइल गइल। एह अवसर पs महाविद्यालय के शिक्षकगण- प्रो. प्रवीन सिंहा, प्रो. वेदवती सिंह, डॉ. राजेश राय, डॉ. उमरा जमाल आ आउर लोग मवजूद रहे। संगही आदर्श, श्रद्धा, विनय, जेनिस, रुचि सहित सब स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका बढ़-चढ़ के हिस्सा लिहल।

Read Also: India Post : केंद्र सरकार छव शहरन से सुरू कइलस समय बचावे वाली नया स्पीड पोस्ट सेवा, देरी पs मिली मनी बैक गारंटी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]