इजरायल गाजा के मस्जिद पऽ कइलस Air Strike, 18 लोगन के मौत

Share

इजरायल मध्य गाजा पट्टी के दीर अल- बलाह के अल अक्सा अस्पताल के लगे मस्जिद पर हवाई हमला कइलस। रविवार के सबेरे भइल एह हमला में 18 लोगन के मौत हो गइल। उहाँ बहुत लोग घायल हो गइले। इ हमला तब भइल जब इजरायल के संगे युद्ध के पहिला सालगिरह मनावे खातिर फिलिस्तीनी इलाका में लोग जुटल रहे।

एक ओर इजरायली सेना लगातार हिजबुल्लाह के खिलाफ हमला करतिया। दूसरा ओर गाजा में हमास के खिलाफ लड़ाई चल रहल बा। एतवार के सबेरे गाजा के मस्जिद पs इजरायली हवाई हमला में नाहियो तऽ 18 लोग के मौत हो गइल आ 20 लोग धायल हो गइले। फिलिस्तीन अस्पताल ई जानकारी दिहले बा।

युद्ध के पहिला सालगिरह मनावे खातिर लोग जुटल रहले

ई हमला मध्य गाजा पट्टी के दीर अल-बलाह के अल अक्सा अस्पताल के लगे एगो मस्जिद पs भइल। इ हमला तब भइल जब इजरायल के संगे युद्ध के पहिला सालगिरह मनावे खाती फिलिस्तीनी इलाका में लोग जुटल रहे। गाजा के स्वास्थ्य मंत्रालय के मुताबिक, इजरायल के बाद गाजा पs भइल सैन्य हमला में अभी तक करीब 42,000 फिलिस्तीनी के मौत हो चुकल बा।

बता दीं कि 7 अक्टूबर के रात हमास के आतंकी इजरायल पर हमला कइले रहे। एह हमला में 1200 लोग के मौत हो गइल। एकरा संगे 250 लोग के बंधक बना लिहल गइल। एह हमला के बाद इजरायल हमास के खिलाफ लड़ाई शुरू कऽ देलस। अबहीं ले एह युद्ध में 42 हजार फिलिस्तीनी मारल गइल बाड़े।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-